[the_ad_group id="30365"]

PM मोदी के कवन मंत्री आगे, कवन पीछे, देखी लिस्ट..

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

लोकसभा चुनाव 2024 के शुरुआती रुझान अब आवे लागल बा, अबे ले बहुत केंद्रीय मंत्री शुरुआती रुझान में पीछे बाड़े। केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह बिहार के बेगूसराय से पिछड़ल बाड़े, जबकि स्मृति ईरानी अब यूपी के अमेठी से पिछड़ल बाड़ी..अबकी बेर उनुकर बहुत मंत्री पीएम नरेंद्र मोदी के संगे चुनाव के मैदान में रहले। वाराणसी से चुनाव लड़े वाला पीएम मोदी देश में दर्जनों बइठक आ रैली कs के चुनाव के माहौल बना दिहले रहले. उनुका अलावे सरकार में मंत्री रहल बहुत दिग्गज मैदान में बाड़े। राज्यसभा से आवे वाला आ सरकार में महत्वपूर्ण जिम्मेदारी सम्हारे वाला मंत्री पीयूष गोयल अबकी बेर मुंबई उत्तर से शुरुआती रुझान में भी अग्रणी बाड़े।  मोदी मंत्रिमंडल के ‘टेक्नोक्रेट’ राजीव चंद्रशेखर अबकी केरल के तिरुवनन्तपुरम सीट से पिछड़ल बाड़न.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]