[the_ad_group id="30365"]

ऑस्ट्रेलिया में पाकिस्तान के साथ क्रिकेट काहें खेलsल जा? एशिया कप पर BCCI के फैसला पर ओवैसी के तंज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एशिया कप 2023 में भारतीय क्रिकेट टीम पाकिस्तान के दौरा नाइ करी। एके ले के बीसीसीआई सचिव जय शाह के बयान के बाद से बवाल मचल बा। पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड भी भारत के इस फैसला पर तीखा प्रतिक्रिया दे रहल बा। एही बीच AIMIM सांसद असदुद्दीन ओवैसी एके ले के तंज कसले बा।
ओवैसी सुक्क के एगो कार्यक्रम के दौरान सवाल कइलें कि भारत ऑस्ट्रेलिया में पाकिस्तान के साथ क्रिकेट काहें खेलsला, जब उ अपने टीम के पाकिस्तान में खेले ख़ातिर नाइ भेजले के फैसला करsता? आवैसी कहलें अब आप बिहान पाकिस्तान के साथ क्रिकेट मैच काहें खेल रहल बाड़s। नाइ खेले के रहल न।

2000 करोड़ के नुकसाने त होई

हैदराबाद सांसद आगे कहलें, ऑस्ट्रेलिया में पाकिस्तान के साथ मैच खेलल जाला, ई कइसन प्यार ह? का होई अगर आप पाकिस्तान के साथ नाइ खेलब? टेलीविजन खातिर ₹2000 करोड़ के नुकसान ही त होई, लेकिन का ई भारत से ज्यादा मायने रखsता? उ कहलें, हमके नाइ पता बा कि मैच के जीती लेकिन हम चाहतनी भारत जीत जाय अउर शमी अउर सिराज जइसन हमार बच्चे पाकिस्तान के कुचल देहलें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]