[the_ad_group id="30365"]

भारत के खिलाफ मुकाबिला से पहिले पाकिस्तान के लागल झटका, सिर पर गेंद लगले के बाद अस्पताल पहुंचल ई खिलाड़ी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत के खिलाफ टी20 वर्ल्ड कप में अतवार (23 अक्तूबर) के होखे वाले मुकाबले से पहिले पाकिस्तान के बड़ झटका लागल बा। बल्लेबाज शान मसूद अभ्यास सत्र के दौरान चोटिल हो गइलें। उ अस्पताल ले जाइल गइल बानें। मसूद के अभ्यास सत्र के दौरान सिर पर गेंद लागल। ऊ गेंद लगले के बाद मैदान पर ही गिर गइलें। एकरे बाद मसूद के स्कैन खातिर अस्पताल में भर्ती करावल गइल।
मसूद चोट लगले के बाद जमीन पर लेट गइलें। फिजियो अउर मेडिकल स्टाफ उनकर प्राथमिक उपचार कइलें। मसूद मेलबर्न क्रिकेट ग्राउंड में अभ्यास करत रहलें। कहल जा रहल बा कि स्पिनर मोहम्मद नवाज के एक उठल गेंद उनके सिर के दाईं तरफ लागल। स्कैन के बादे ई पता चली कि चोट केतनी गंभीर बा।

टी20 वर्ल्ड कप में एक साल बाद दूनों टीम आमने-सामने

दूनों टीम टी20 वर्ल्ड कप में एक साल बाद आमने-सामने होई। पिछला बेर दुबई में जब दूनों टीम आमने-सामने होई, तब पाकिस्तान 10 विकेट से जीत हासिल कइले रहे। भारत पहिला बेर कौनो वर्ल्ड कप में पाकिस्तान से हारल रहे। ऊ ओ हार के बदला लेवे खातिर मेलबर्न में उतरी।

दूनों टीम एह प्रकार से बा

भारत: रोहित शर्मा (कप्तान), केएल राहुल (उप-कप्तान), विराट कोहली, सूर्यकुमार यादव, दीपक हुड्डा, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), दिनेश कार्तिक (विकेटकीपर), हार्दिक पंड्या, रविचंद्रन अश्विन, युजवेंद्र चहल, अक्षर पटेल, भुवनेश्वर कुमार, हर्षल पटेल, अर्शदीप सिंह, मोहम्मद शमी।

स्टैंडबाय खिलाड़ी: श्रेयस अय्यर, रवि बिश्नोई, मोहम्मद सिराज, शार्दुल ठाकुर।

पाकिस्तान: बाबर आजम (कप्तान), शादाब खान, आसिफ अली, हैदर अली, हारिस रउफ, इफ्तिखार अहमद, खुशदिल शाह, मोहम्मद हसनैन, मोहम्मद नवाज, मोहम्मद रिजवान, मोहम्मद वसीम जूनियर, नसीम शाह, शाहीन शाह आफरीदी, शान मसूद, फखर जमां।

रिजर्व खिलाड़ी: मोहम्मद हारिस, उस्मान कादिर अउर शाहनवाज दहानी
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]