[the_ad_group id="30365"]

सारण जिला परिषद अध्यक्ष के चुनाव कब होई? आ गइल फाइनल तारीख

Chapra
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सारण जिला परिषद अध्यक्ष के खाली पद खातिर 23 सितंबर के चुनाव करावल जाई। ए संबंध में राज्य निर्वाचन आयोग के विशेष कार्य पदाधिकारी सारण के जिला मजिस्ट्रेट सह जिला निर्वाचन अधिकारी (पंचायत) के चिट्ठी भेजले बाड़े। डीएम के भेजल चिट्ठी में कहल गइल बा कि सारण जिला परिषद अध्यक्ष के खाली पद पर 23 सितंबर के चुनाव करा के एह बारे में जानकारी देस।

राज्य निर्वाचन आयोग पूरा चुनाव कार्यवाही के वीडियोग्राफी करावे के निर्देश देले बा। एकरा संगे चुनाव आयोग से कहल गइल बा कि उऽ वीडियोग्राफी के कॉपी दु दिन के भीतर उपलब्ध करावे। जिला परिषद के अध्यक्ष के चुनाव करावे खातिर जिला पदाधिकारी ,सारण के निर्वाची पदाधिकारी बनावल गइल बा।

एकरा साथही आयुक्त के पत्र भेजके अपर समाहर्ता स्तर के पदाधिकारी के प्रेक्षक नियुक्त करे के कहल गइल बा। बता दी कि 29 अगस्त के आयोजित अविश्वास प्रस्ताव में सारण जिला परिषद अध्यक्ष जयमित्रा देवी के कुर्सी चल गइल रहे।

 बीतल 29 अगस्त के पूर्व अध्यक्ष जयमित्रा देवी के कुर्सी चल गइल रहे

29 अगस्त के सारण जिला परिषद के अध्यक्ष जयमित्रा देवी आपन कुर्सी गँवा चुकल रहली। उनका खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव पारित हो गइल रहे। अविश्वास प्रस्ताव के पक्ष में 29 वोट आ विपक्ष में 18 वोट डालल गइल। सदन में कुल 47 सदस्य मौजूद रहले।

बता दीं कि सारण जिला परिषद के अध्यक्ष जयमित्रा देवी के याचिका के खारिज करत पटना हाईकोर्ट सारण के डीएम के निर्देश दिहलस कि सारण जिला परिषद के अध्यक्ष का खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव पs चरचा करे के तारीख तय कर दिहल जाव।

जयमित्र देवी के खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव काहे ले आवल गइल?

जानकारी के मुताबिक, सदस्य के संगे तालमेल ना कइल, काम में पारदर्शिता ना बनावल आ मनमानी काम कइल समेत अलग-अलग आरोप के चलते जिला परिषद के सदस्य के ओर से उनका खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव पेश कइल गइल। एकर प्रक्रिया पछिला साल दिसंबर महीना में ही शुरू भइल रहे।

बहुत घटना आ उच्च न्यायालय के हस्तक्षेप के बाद जिला परिषद के विशेष बइठक जिला मजिस्ट्रेट के अध्यक्षता में पहिले से तय समय पर कलेक्ट्रेट सभागार में बोलावल गइल। एह बइठक में जिला परिषद अध्यक्ष समेत सगरी 47 सदस्य मौजूद रहले। वर्तमान सभ सदस्यन के उपस्थिति रजिस्टर में दर्ज कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]