[the_ad_group id="30365"]

Explainer: ChatGPT के टक्कर देवे गूगल ले आइल एआई टूल Bard, जानीं का बा बार्ड आ चैटजीपीटी से कइसे अलग बा?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अल्फाबेट आ गूगल के सीईओ सुंदर पिचाई गूगल के नया एआई चैटबॉट सर्विस Google Bard के घोषणा कs देले बाड़ें। एह एक्सपेरिमेंटल कन्वर्सेशनल एआई सर्विस के फिलहाल यूजर्स के फीडबैक खातिर जारी कइल गइल बा। कंपनी के कहनाम बा कि एकरा के आवे वाला हफ्तन में टेस्टिंग के बाद सार्वजनिक रिलीज कइल जाई। दरअसल, गूगल अपना आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (एआई) टूल बार्ड के ChatGPT के टक्कर में लेके आ रहल बा। तs बार्ड का हs आ गूगल अचानके एह नया टेक्नोलॉजी के घोषणा करे के फैसला काहे लेले बा? चली समझे के कोसिस कइल जाव कि आखिर बार्ड का हs, कइसे करी आ ChatGPT से कइसे अलग बा।

का हs Bard?

बार्ड, गूगल के एगो आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस आधारित चैटबॉट सर्विस हs, जवन कि LaMDA टेक्नोलॉजी के उपयोग कs बनावल गइल बा। एकरा के कंपनी के सीईओ पिचाई “प्रायोगिक संवादी AI सेवा” माने एक्सपेरिमेंटल कन्वर्सेशनल एआई सर्विस कहलें आ गूगल आवे वाला हफ्तन में एकरा के टेस्टर्स खातिर खोल दिहल जाई आ अन्त में जनता खातिर बेसी व्यापक रूप से उपलब्ध होई। बार्ड LaMDA आ गूगल के अपना कन्वर्सेशनल एआई चैटबॉट पs आधारित बा।

कइसे काम करी बार्ड?

जदि रउआ सोच रहल बानी कि अभी एकरा खातिर साइन अप कइसे करीं, तs धेयान रखीं कि फिलहाल बार्ड के सार्वजनिक उपयोग खातिर जारी नइखे कइल गइल बा। कंपनी के कहनाम बा कि टेस्टिंग के बाद एकरा के आवे वाला कुछ हफ्तन में जारी कइल जाई। कंपनी के कहनाम बा कि ऊ बार्ड पs पिछला दु साल से काम कर रहल बा आ ई परीक्षण में बा। एकरा के बहुत जल्दी जारी कइल जाई। बता दीं कि कंपनी बिहान माने 8 फरवरी के एगो AI इवेंटो आयोजित कर रहल बिया, जहां बार्ड के लेके आउर अधिक जानकारी आ पुष्टि सामने आई।

ChatGPT से कइसे अलग बा Bard

गूगल के नया Bard के ChatGPT के टक्कर में ले आवल गइल बा। बाकिर एह दुनो एआई टूल में समानता के संगे बहुते अंतरो बा। दरअसल, आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस टूल ChatGPT, पहिले से मौजूद डाटा के आधार पs सवालन के जवाब देत बा, जबकि गूगल अपना एआई चैटबॉट के लैंग्वेज मॉडल आ डायलॉग एप्लिकेशन माने LaMDA से संचालित करे वाला बा।

माने Bard जादे सटीक जवाब दे सकत बा। संगही गूगल के कहनाम बा कि बार्ड के बड़ लैंग्वेज मॉडल के पावर, बुद्धिमत्ता आ रचनात्मकता के संयोजन से लैस कइल जाई। खाली एतनही बार्ड के अइसे डेवलप कइल जा रहल बा कि ई टूल यूजर्स के फीडबैक आ इंटरनेट पs उपलब्ध जानकारी के आधार पs ज्ञान प्राप्त करी।

का Google Search engine बंद हो जाई?

एकर जवाब बा ना। फिलहाल गूगल लोगन के सवालन के जवाब देवे खातिर आउर वेबसाइट्स के लिंक उपलब्ध करावेला। नया एआई टूल के मदद से गूगल यूजर्स के बुद्धिमत्ता आ रचनात्मकता के संयोजन से लैस जवाब उपलब्ध करावे वाला बा। एकरा खातिर कंपनी LaMDA के उपयोगो करे वाला बिया। माने कि गूगल सर्च इंजन के बंद नइखे कइल जाये वाला बा बलुक कंपनी अपना सर्च इंजन के संगे एआई चैटबॉट के अपडेट कs सकत बिया।

बार्ड के मतलब का होला?

बार्ड के अर्थ होला कवि। एगो आदिवासी कवि-गायक जवन वीरन आ ओह लोगन के कामन पs छंदन के रचना आ पाठ करे में कुशल होला। गूगल यूजर्स के सवालन के सटीक जवाब देवे खातिर अपना एआई चैटबॉट के डेवलप कइले बा आ एकर नाम बार्ड (Bard) रखल गइल बा।

लैम्डा के लेके 2022 में का विवाद भइल रहे?

2022 में ओह बेरा लैम्डा के लेके हंगामा हो गइल रहे जब गूगल के एगो डेवलपर ब्लेक लेमोइन दावा कइले रहस कि ओकरा द्वारा तइयार कइल गया चैटबॉट इंसानन के तरे संवेदनशील बा। एकरा के डेवलप करे वाला इंजीनियर के दावा रहे कि ई इंसानने के तरह सोचना सुरू कs देले बा।

LaMDA के एहु बात के डर सतावे लागल बा कि ओकरा के डेवलप करे वाला इंजीनियर ओकरा के एक दिन बंद ना कs दवे, हालांकि बाद में गूगल ब्लैक लेमोइन के निलंबित कs देले रहे आ दावा के खारिज कs देलस। बता दीं कि ब्लैक लेमोइन चैटबॉट के संगे भइल चैटिंग के लीक कइलें रहे।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]