[the_ad_group id="30365"]

Twitter Blue: भारत में लॉन्च भइल ट्विटर पेड सब्सक्रिप्शन सर्विस, ब्लू टिक खातिर देवे के होई 900 रुपिया हर महीना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

माइक्रो ब्लॉगिंग प्लेटफार्म ट्विटर (Twitter) आखिरकार भारत में अपना प्रीमियम सब्सक्रिप्शन सर्विस ट्विटर ब्लू के लॉन्च कs देले बा। भारत में ब्लू टिक लेवे आ प्रीमियम सब्सक्रिप्शन सर्विस के फीचर्स के इस्तेमाल करे खातिर मोबाइल यूजर्स के 900 रुपिया प्रतिमाह चुकावे के होई। ओहिजा कंपनी 650 रुपिया में सबसे कम कीमत वाला प्रीमियम सब्सक्रिप्शन प्लान जारी कइले बा। ई प्लान वेब यूजर्स खातिर बा। बता दीं कि कंपनी ट्विटर ब्लू के पिछला साल नया रूप में जारी कइले रहे। एकरा पहिले अमेरिका, ब्रिटेन, कनाडा, ऑस्ट्रेलिया, न्यूजीलैंड आ जापान समेत कुछ देसन में लॉन्च कइल गइल रहे।

भारत में Twitter Blue

कंपनी अब भारत में अपना प्रीमियम सब्सक्रिप्शन सर्विस के लॉन्च कइले बा। भारतीय यूजर्स के ट्विटर ब्लू के सब खास फीचर्स के लाभ मिली। कंपनी के मोताबिक, मोबाइल माने एंड्रॉयड आ आईओएस दुनो के ट्विटर ब्लू खातिर हर महीना 900 रुपिया आ वेब यूजर्स के हर महीना 650 रुपिया चुकावे के होई। बता दीं कि कंपनी के मालिक एलन मस्क कंपनी किनला के कुछ दिन बादे पेड सब्सक्रिप्शन सर्विस ले आवे के एलान कs देले रहे। एह सर्विस के भारी आलोचनन के बाद लॉन्च कइल गइल रहे।

ट्विटर ब्लू यूजर्स के मिली ई सुविधा

कंपनी के मोताबिक, भुगतान कs के सब्सक्रिप्शन लेवे वाला यूजर्स के एडिट ट्वीट बटन, 1080p वीडियो अपलोड, रीडर मोड आ ब्लू टिक के सुविधा मिली। बतावत चलीं कि कंपनी अपना पुरान वेरिफिकेशन प्रक्रिया में बदलाव कइल रहे। कंपनी के अनुसार, पुरान ब्लू टिक अकाउंट होल्डर्स के अपना ब्लू टिक के बना के रखला खातिर कुछ महीनन के छूट दिहल जाई माने एहु लोग के तनिका समय बाद अपना अकाउंट पs ब्लू टिक बना के रखला खातिर सब्सक्रिप्शन लेवे के होई।

पहिले एह शहरन में लॉन्च भइल रहे सर्विस

कंपनी सबसे पहिले संयुक्त राज्य अमेरिका, कनाडा, यूके, जापान, न्यूजीलैंड आ ऑस्ट्रेलिया सहित आउर देसन में पेड सब्सक्रिप्शन सर्विस के शुरू कइले रहे। कंपनी अपना वेबसाइट पs कहले रहे कि गूगल के एंड्रॉयड यूजर्स आ आईओएस यूजर्स ट्विटर ब्लू के मासिक सब्सक्रिप्शन 11 डॉलर (करीब 900 रुपये) में किन सकी।

ओहिजा यूजर्स खातिर सलाना प्लान के जारी कइल गइल रहे। ट्विटर ब्लू सब्सक्रिप्शन के सालाना कीमत 84 डॉलर (लगभग 6,800 रुपये) रखले बा माने एक साल खातिर भुगतान करे पs डिस्काउंट दिहल गइल बा। एतनही कीमत ट्विटर वेब यूजर्स खातिरो तय कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]