[the_ad_group id="30365"]

गोड में दिखाई देवे वाला नीला नस के ना समझीं सामान्य, हो सकेला ए गंभीर बीमारी के सुरुआत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

हमनी के शरीर हज़ारन गो वेन्स से बनल बा। पूरा सरीर में फ‌इलल ई ब्लड वेसल्स। सर्कुलेटरी सिस्टम के हिस्सा होला जवन ब्लड, ऑक्सीजन आ न्यूट्रिशन के पूरी बॉडी में भेजले के काम करेला। लेकिन कई बेर देखले होइब के कुछ लोगन के गोड में नीला नस दिखेला। दरअसल ई एगो बीमारी हs

। हमनी के सरीर में वैरिकोज वेन्स तब दिखेला , जब नसन के दीवार कमजोर हो जालाs । वैरिकोज वेन्स जवन ज्यादातर गोड में होला एमें नसन में स्वेलिंग होला उs मोट, नीला आ मुड़ल नजर आवेला । ईs बीमारी लाइफ थ्रेटनिंग भले ना हो लेकिन समय पs इलाज नाहीं क‌रावला तs चलल-फिरल मुश्किल हो जाला। कई बेर सर्जरी ले के नौबत आ सकेला । चलि रउरा के बताइ की वैरिकोज नसन के लक्षण का ह आ एके क‌इसे ठीक क‌इल जाला?

 

जब बॉडी में ब्लड सर्कुलेशन सही तरीका से नाहीं होला तs ओ वजह से वैरिकोज वेन्स के समस्या बढ़ जाला। दरअसल, ब्लड सर्कुलेशन स्लो हो‌ला से खून नसन में जमा होखे लागेला आ नस में सूजन आवे लगेला।सूजन के बाद नस मुड़े लागेला आ फेर त्वचा पs उभरल दिखाई देवे लागेला । वैरिकोज में नीला नस के गांठ कई बेर बहुते लोगन में दरद के कारन बन जाला।

एह लोग के होला सबसे ढेर शिकार

वैरिकोज वेन्स के परेशानी ढेर देर ले खड़ा रहले आ लगातार ब‌इठले रहले से होला एs खातिर एकर सबसे ढेर शिकार दुकानदार,टीचर,ऑफिस में घंटन ब‌इठे वाला ट्रैफिक पुलिस आ सिक्योरिटी गार्ड्स होले।  कहले के मतलब बा कि जवन लोग ढेर चल नाहीं पावेले उs डेंजर ज़ोन में आ जाला।

जानीं एकर लक्षण आ ठीक क‌रे के कारगर उपाय

*हार्मोन के बैलेंस बिगड़ल

*बढ़ल उमिर

*अधिका वजन हो

*लंबा समय ले खड़ा रहल

*नसन पs दबाव पड़ल

वैरिकोज वेन्सवैरिकोज वेन्स ठीक करे खातिर आज़माई इs नुस्खा

आपन लाइफ स्टाइल में हल्का फुल्का बदलाव क‌s के वैरिकोज वेन्स के समस्या से छुटकारा पा सकेनी । रोजाना हरीअर सब्जी ख‌इलें से नस के डैमेज होइले के खतरा कम हो जाला। काहेकी हरीअर पत्तादार सब्जी वेन्स में फैट आ कैल्शियम के जमले से रोकेला जेसे पूरा सर्कुलेटरी सिस्टम परफेक्ट वर्क करेला। साथे वज़न  कंट्रोल करेंला, खाना में नमक आ शक्कर  कम खाईं,  टाइट कपड़ा मत पहनीं। साथे ही अपने एप्पल साइडर विनेगर आ जैतून के तेल से आपन गोड के मसाज करीं। एसे आपके काफी राहत मिलीं।

वैरिकोज वेन्स के इलाज

अगर एs नुस्खन से कवनो असर नइखे होत तs रउरा वैरिकोज वेन्स के इलाज कराईं। ज‌इसे कपिंग थेरेपी, लीच थेरेपी, मिट्टी लेप ज‌इसन थेरेपी बेहद असरदार साबित हो‌ईं।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]