इs लाइलाज बीमारियन के तोड़ हs भुनल चना के भुजा, एक मुट्ठी खइला से होई गजब के फायदा

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 12, 2024

  चना हमनी के भारतीय परिवेश के एगो अहम हिस्सा बा। इs हमनी मे देसी स्नैक हs ! कय हाली दिन में लोग मुंह चलावे खातिर रोस्टेड चना खाए ले। चलि रउवा के बताईं की

Share

 

चना हमनी के भारतीय परिवेश के एगो अहम हिस्सा बा। इs हमनी मे देसी स्नैक हs ! कय हाली दिन में लोग मुंह चलावे खातिर रोस्टेड चना खाए ले। चलि रउवा के बताईं की चना के भुजा के अपना डाइट में शामिल कई के रउवा सेहत के का – का फायदा हो सकत बा।चना हमनीऽ के भारतीय परिवेश के एगो अहम हिस्सा हऽ। इs हमनीऽ के देसी स्नैक हऽ! एकर स्वाद बहुत नीमन लागेला ।

लमसम हर केहु के लगे चना के भुजा आसानी से मिल जाला। केतना लोग के तऽ रोस्टेड चना एतना ज्यादा पसंद होला कि उऽ रोजाना दिन में कय हाली एकर सेवन करेले।

इ कार्बोहाइड्रेट, प्रोटीन, रेशे, कैल्शियम,आयरन आ विटामिन के एगो शानदार स्त्रोत हऽ। एतना सब विशेषता होखले के कारण एकरा के गरीबन के मेवा कहलऽ जाला। चलि रउवा के बतावत बानी की चना के भुजा के अपना डाइट में शामिल कई के राउर सेहत के का का फायदा हो सकत बा।

चना के भुजा खइला से खून साफ़ हो जाला जेकरा से त्वचा में निखार आ जाला। चना के भुजा खइला से शरीर के रोग प्रतिरोधक क्षमता बढ़े ला ,जेकरा से आदमी रह रह के बिमार ना पड़े।

एकरा मे कैल्शियम के अच्छा सोर्स होखला के कारण हड्डियन के मजबूती मिलेला। महिला लोग के सफेद पानी चाहे लिकोरिया के समस्या में चना के भुजा खइला से बहुत आराम मिलेला।चना के भुजा हर दिन लम्बा समय ले खइला से कुष्ठ रोग समाप्त हो जाला।

एह समय करी सेवन

हेल्थ एक्सपर्ट के मुताबिक एगो स्वस्थ व्यक्ति के रोजाना 50 से 60 ग्राम चना के भुजा के सेवन करे के चाहीं। चना के भुजा के अइसे तऽ रउवा कबो खा सकत बानी। बाकी जदि रउवा एकर सेवन सुबह के घरी करत बानी तऽ एकरा से राउर सेहत के अउर फायदा मिली।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.