[the_ad_group id="30365"]

संजय सिंह बनले भारतीय कुश्ती महासंघ के अध्यक्ष, BJP सांसद बृजभूषण सिंह के हउवें करीबी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

डब्लूएफआई चुनाव 2023 : भाजपा सांसद बृज भूषण सिंह के करीबी संजय सिंह भारतीय कुश्ती महासंघ के अध्यक्ष चुनल गइलन। संजय सिंह 2008 में वाराणसी कुश्ती संघ के जिला अध्यक्ष बनले। साल 2009 में जब उत्तर प्रदेश कुश्ती संघ के गठन भईल तs बृज भूषण शरण सिंह प्रदेश अध्यक्ष अवुरी संजय सिंह उपाध्यक्ष बनले।

संजय सिंह के मुकाबला राष्ट्रमंडल खेल के स्वर्ण पदक विजेता अनिता श्योराण से होखत रहे। श्योराण के ओह पहलवानन के समर्थन मिलल रहे जे बृज भूषण सिंह पs महिला पहलवानन के यौन उत्पीड़न करे के आरोप लगवले रहले। जंतर मंतर पs बृज भूषण सिंह के खिलाफ ओलंपिक पदक विजेता बजरंग पुनिया अवुरी साक्षी मलिक, विश्व चैम्पियनशिप के पदक विजेता विनेश फोगाट समेत बहुत शीर्ष पहलवान विरोध कईले रहले।

बृज भूषण सिंह के दामाद विशाल सिंह रिजल्ट के बाद कहले कि हमनी के पूरा पैनल जीत गईल बा। सब लोग बढ़िया बहुमत से जीतल बा। उ कहले कि, हमनी के सभ पैनल जीत गईल।सब केहू बढ़िया बहुमत से जीतत बा। गिनती चलत बा एहसे आधिकारिक नंबर जल्दिए आई। पिछला कुछ दिन में कुश्ती के नुकसान भइल। हमनी के खिलाड़ी बढ़िया प्रदर्शन कs सकत रहले बाकिर पिछला कुछ दिन में जवन कुछ भइल ऊ आपन असर डाल दिहलस।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]