[the_ad_group id="30365"]

खतम भइल इंतजार…अब घर बईठले उठा सकेनी ‘मैदान’ के लुत्फ, जानी कवने ओटीटी पs फिलिम दिहलस दस्तक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

अजय देवगन के स्पोर्ट्स ड्रामा ‘मैदान’ 11 अप्रैल के सिनेमाघरन में रिलीज भइल. एह फिलिम के समीक्षकन के बेहतरीन समीक्षा मिलल. हालांकि बढ़िया समीक्षा के बावजूद ई फिलिम बॉक्स ऑफिस पss बढ़िया प्रदर्शन ना कइलस. बाकिर अब ‘मैदान’ ओटीटी पs खटखटा दिहले बा. अगर अजय देवगन के ई फिलिम अबहीं ले नइखी देखले तs अब रउरा अपना घर में आराम से बइठ के एकर मजा ले सकेनी.

अजय देवगन के प्रशंसक बेसब्री से ‘मैदान’ के ओटीटी रिलीज के इंतजार करत रहले आ अब ओह लोग के इंतजार खतम हो गइल बा. अजय देवगन के फिल्म ‘मैदान’ ओटीटी प्लेटफॉर्म अमेजन प्राइम वीडियो पs बुध के 5 जून से स्ट्रीमिंग हो रहल बा। हालांकि ई फिलिम कुछ दिन पहिले प्राइम वीडियो पs आइल रहे बाकिर ई फिलिम खाली रेंट पs मिलत रहे. अब लोग एह सिनेमा के मुफ्त में देख सकेला. मतलब अब ‘मैदान’ देखे खातिर किराया ना देबे के पड़ी. प्राइम वीडियो के सब्सक्राइबर लोग एह सिनेमा के मजा ले सकेला। इs जानकारी अमेजन प्राइम वीडियो के इंस्टाग्राम हैंडल पs एगो पोस्ट के माध्यम से दिहल गईल बा।

मैदान’ सैय्यद अब्दुल रहीम के बायोपिक हs

‘मैदान’ भारतीय फुटबाल टीम के मशहूर कोच सैयद अब्दुल रहीम के बायोपिक हs जवना के किरदार एह फिलिम में अजय देवगन निभवले बाड़न. 1952 से 1962 के दौर भारतीय फुटबाल टीम खातिर स्वर्णिम दौर साबित भइल आ ओह घरी सैय्यद अब्दुल रहीम एगो मजबूत भारतीय फुटबाल टीम बनवले रहले आ ओकरा बाद अपना हुनर ​​के आधार पs ओकरा के अंतर्राष्ट्रीय मंच पs ले गइल रहले.

राष्ट्रीय पुरस्कार विजेता के निर्देशन में बनल फिलिम

अजय देवगन के फिल्म ‘मैदान’ के निर्देशन राष्ट्रीय पुरस्कार विजेता अमित शर्मा कइले बाड़न. एह फिलिम के निर्माता रहलें बोनी कपूर. ‘शैतान’ के बाद ‘मैदान’ अजय देवगन के दूसरकी फिलिम रहल जवन साल 2024 में रिलीज भइल.

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]