[the_ad_group id="30365"]

‘पंचायत 3’ के ‘विधायक जी’ अनुराग कश्यप पऽ कसले तंज, निकऽलले एह बात के भड़ास, कहले- उऽ डरपोक आ स्पाइनलेस हउअन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पंचायत ओटीटी प्लेटफॉर्म के सबसे पॉपुलर सीरीज में से एक बा। पहिलका आ दूसरका सीजन के हिट होखे के बाद तीसरका सीजन के लेके बढ़िया रिस्पांस सामने आइल बा। भा ई कहीं कि थर्ड सीजन के ढेर पसंद कइल जा रहल बा। एह शो में विधायक के रोल प्ले कर रहल पंकज झा हालही में अनुराग कश्यप पs तंज कसले।

ओटीटी के पॉपुलर वेब सीरीज ‘पंचायत 3’ में विधायक के किरदार लोग के काफी पसंद आ रहल बा। शो के तमाम कैरेक्टर्स के बीच विलेन विधायक के रोलो चर्चा में बनल बा। एह कैरेक्टर के प्ले कर रहल पंकज झा, जवन ग्लैमर के इंडस्ट्री में नया नांव नइखन।

चर्चा में बाड़े ‘फुलेरा’ के ‘विधायक जी’

पंकज झा (Pankaj Jha) के तीखे तेवर आ बोल जवना तरे पंचायत सीरीज में ‘फुलेरा’ गांव के लोगन खातिर मुसीबत बनल बाड़े, ओहींग रियल लाइफ में उऽ आपन बात राखे से पीछे ना रहेले। डिजिटल कमेंट्री के दिहल इंटरव्यू में पंकज झा अपना बारे में बहुत कुछ बतवले। साथही अनुराग कश्यप (Anurag Kashyap) के लेके कुछ कहले, जवना के सुन रउआ हैरत में पड़ सकऽ तानी।

अनुराग कश्यप पऽ बरसले ‘विधायक जी’

अनुराग कश्यप के डायरेक्टोरियल ‘गैंग्स ऑफ वासेपुर’ उनका करियर में बनावल गइल शानदार फिल्म में से एक बा। एह फिल्म के सब कैरेक्टर्स पॉपुलर भइले। मनोज बाजपेयी से लेके नवाजुद्दीन सिद्दिकी ले, सब किरदार के जबरदस्त रिस्पांस मिलल। एमें पंकज त्रिपाठी (Pankaj Tripathi) रहले, जे सुल्तान कुरैशी के रोल निभवले रहले। एह रोल के पहिले पंकज झा निभावे वाला रहले।

गैंग्स ऑफ वासेपुर’ में रहते पंकज झा

पंकज झा के आखिरी वक्त पs पंकज त्रिपाठी से रिप्लेस कइल गइल रहे। एक्टर एकरा बारे में जवाब देत घरी अनुराग कश्यप पs कटाक्ष कइले। उनका से पूछा गइल कि उऽ ‘गुलाल’ आ ‘ब्लैक फ्राइडे’ में अनुराग कश्यप के साथ काम कइले बाड़े। फेर ‘गैंग्स ऑफ वासेपुर’ के घटना के बाद उऽ कवना तरे से प्रभावित भइले, तऽ उऽ खुद के ‘निर्देशक बनावे वाला एक्टर’ बतवले। पंकज झा कहले कि अनुराग’डरपोक’ आ ‘कमजोर’ हउअन।

डरपोक हउअन अनुराग कश्यप’

पंकज झा कहले कि जब सत्या आ गुलाल जइसन फिल्म एक्टर्स बना सकत बाड़ी, तऽ उहे डायरेक्टर्स के तैयार करेली। लेकिन इहाँ अतना डरपोक आ स्पाइनलेस लोग बा कि उऽ आपन बात ना रख पावेला। हालांकि, हमरा बाद में पता चलल कि डायरेक्टर बुरा हालत में बाड़े। उनका कवनो काम नइखे मिलत।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]