[the_ad_group id="30365"]

रुखल आ बेजान त्वचा से छूटकारा पावल चाहतानी , त चेहरा पे लगाई ई अनाज के पानी…

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

त्वचा के देखभाल : आखिर केकरा चमकदार त्वचा नईखे पसंद। लेकिन, बदलत मौसम स्वस्थ त्वचा के भी रुखल आ बेजान बना सकता। अयीसना में त्वचा के सही देखभाल कईल बहुत जरूरी बा। इहाँ हमनी के अयीसन अनाज के बात करतानी, जवना के कोरियाई स्किन केयर रूटीन में बहुत इस्तेमाल होखेला। एह अनाज के नाम चावल ह। चावल के पानी चेहरा पे बहुत निमन असर देखाई देता। चावल के पानी बहुत पोषक तत्व से भरल होखेला, जवन कि त्वचा के बेदाग चमक देवेला। जानीं कि चावल के पानी त्वचा पे लगावे से का फायदा होला आ इ पानी चेहरा पे कईसे लगावल जा सकता।

चावल के पानी त्वचा खातिर

टैनिंग दूर करे खातीर

चिलचिलात धूप से त्वचा के कई तरह से नुकसान पहुंचावेला। धूप में जादा संपर्क में रहला के चलते त्वचा पे टैनिंग हो जाला। टैनिंग के चलते त्वचा पे गंदगी आवे लागेला आ चेहरा भी धब्बादार हो जाला। ए स्थिति में चावल के पानी बहुत काम आवेला। चावल के पानी से चेहरा धो के त्वचा के टैनिंग निकालल जाला।

रुखल त्वचा खातिर

चावल के पानी से त्वचा के जलन दूर हो जाला। सोडियम लोरेल सल्फेट त्वचा के देखभाल करे वाला बहुत उत्पाद में पावल जाला। चावल के पानी एह सोडियम लॉरेल सल्फेट के चलते त्वचा पे होखे वाला जलन के दूर क देवेला। खास तौर पे सूखल त्वचा के ए प्रकार के ठीक होखे के जरूरत होखेला। अयीसना में चावल के पानी सूखल त्वचा खातीर निमन होला।

त्वचा के मृत कोशिका के हटावे खातिर

चेहरा से गंदगी आ मृत त्वचा के कोशिका के परत के हटावे खातीर आप चावल के पानी से चेहरा धो सकतानी, चेहरा पे चावल के पानी टोनर (Rice Toner) निहन लगा सकतानी, चाहे फेस पैक में चावल के पानी डाल सकतानी आ… चेहरा पे लगाईं| चावल के पानी त्वचा के मुलायम, कोमल आ चमकदार बनावेला।

चावल के पानी कइसे तइयार करी

चावल के पानी तइयार करे के 3 मुख्य तरीका बा। पहिला तरीका बा कि चावल के पानी में उबाल के बचे वाला पानी के छान के ठंडा क के चेहरा पे लगाई|

चावल के पानी में भिगो के भी चावल के पानी बनावल जा सकेला। एकरा खातिर चावल के पानी में कम से कम आधा घंटा तक भिगोवे के चाही। एकरा बाद ए पानी के छान के चेहरा धोवे में इस्तेमाल करीं चाहे टोनर निहन चेहरा पे लगाई।

त्वचा के देखभाल में भी फर्मेंटेड राइस वॉटर के इस्तेमाल होला। एकरा खातिर चावल के पानी में भिगोवे के बाद ए पानी के छान लीं आ ओकरा बाद ए पानी के तुरंत इस्तेमाल मत करीं, बालुक एकरा के बर्तन में बंद राखल जाला। एह पानी के इस्तेमाल एक से दू दिन के बाद ही होला।

अस्वीकरण: ई लेख खाली सलाह समेत सामान्य जानकारी देले। ई कवनो तरह से योग्य चिकित्सा राय के विकल्प नइखे | अधिक जानकारी खातिर हमेशा कवनो विशेषज्ञ आ अपना डॉक्टर से सलाह लीं | खबर भोजपुरी एह जानकारी के जिम्मेदारी नइखे लेत |

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]