[the_ad_group id="30365"]

10 मिनट में घर में बनाई प्राकृतिक बाल डाई, बाल हो जाई चमकदार अउरु करिया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्राकृतिक बाल डाई कईसे बनावल जाला।  वर्तमान समय में सफेद बाल होखल एगो बड़ समस्या बा।  संगही, जब बाल कम उम्र में सफेद होखे लागेला, तब युवा एकरा खातीर जादे चिंतित हो जाले , जवना में लुक बहुत अधिक मायने राखेला।  इ सामान्य बात बा कि उमर से पहिले केहु बूढ़ ना देखाई देवे के चाहत होखे, एहसे आपके अयीसन तरीका के जानकारी होखे के चाही, जवना के माध्यम से आप अपना सफेद बाल के फेर से करिया क सकतानी आ नाया बाल के सफेद होखे से रोक सकतानी  वैसे एकरा खातीर अधिकांश लोग अपना बाल पे हेयर डाई लगावल पसंद करेले।  लेकिन बताईं कि बाजार में उपलब्ध हेयर डाई बाल के नुकसान पहुंचावेला आ बाल के भी जादा सफेद क देवेला।  त आज हम रउआ सभे के बतावे जा रहल बानी कि इहाँ प्राकृतिक बाल डाई बनावे आ लगावे के तरीका-

घर में प्राकृतिक चीज़ के मदद से आप महज 10 मिनट में आसानी से बाल के रंग सकेनी।  एकरा खातिर रउरा सभे के बस ए समानं के जरूरत पड़ी-

1चम्मच नीम पाउडर (Neem Powder)
1 चम्मच मेहंदी पाउडर (Henna Powder)
1 चम्मच कॉफी पाउडर (Coffee Powder)
2 चम्मच कलौंजी ( प्याज के बीज)(Onion Seed)
1 चम्मच आंवला (Gooseberry)
1 लोहा के कड़ाही
1 गिलास पानी (One Glass Water)

घरेलू डाई बनाए के तरीका

सबसे पहिले सौंफ के दाना के लोहा के कड़ाही में भुन लीं।  ध्यान रहे कि एकरा खातिर कवनो चिकनाई के इस्तेमाल ना करे के बा, बस साधारण रोस्ट करे के बा।  अब एह भुनाइल बीज के पीस के पाउडर बनाईं।

अब कड़ाही के कम लौ पे गरम क के कलौंजी पाउडर, आंवला पाउडर, मेंहदी पाउडर, कॉफी पाउडर एक-एक क के बढ़िया से मिला के एक गिलास पानी डाल के कम लौ पे पकावत रहीं।
एह मिश्रण के लगभग 10 से 15 मिनट ले पकावे के पड़े ला, जबले कि ई ढीला पेस्ट के रूप में तइयार ना हो जाव।  मतलब अयीसन पेस्ट जवना के आप आसानी से बाल पे डाई निहन लगा सकतानी आ इ टपके ना।

घरेलू डाई के लगावे के तरीका

घर के बनावल एह डाई के हफ्ता में एक बेर लगाईं।  एकरा के रेगुलर डाई चाहे मार्केट डाई निहन बाल पे लगाई आ 30 से 40 मिनट के बाद एकरा के बढ़िया से धो लीं।
बता दी कि इ बाल खातिर हेयर डाई के काम त करेला बालुक प्राकृतिक हेयर मास्क के काम भी करेला।  इ आपके बाल के करिया राखे के अलावे अपना प्राकृतिक गुण के पोषण देके ओकरा के मोट आ मजबूत बनावेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]