[the_ad_group id="30365"]

बाघ 2 आउर लोगन के बनवलस शिकार, मां-बेटा के मौत; आदमखोर के जान से मारे खातिर बिहार एसटीएफ तैनात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के पश्चिमी चंपारण जिला में स्थित वाल्मीकि टाइगर रिजर्व के आदमखोर बाघ फेर दु लोगन के शिकार बना देले बा। जानकारी के मोताबिक गोवर्धन थाना इलाका के बलुआ गांव में बाघ के हमला में मां-बेटा के मौत हो गइल बा। आक्रोशित लोग वन विभाग के कर्मचारियन के बंधक बना लेले बा लो। ओहिजा, दूसरा ओर एह बाघ के जान से मारे खातिर बिहार एसटीएफ तैनात कइल बा। एक दिन पहिलही नेशनल टाइगर कंजर्वेशन अथॉरिटी बाघ के शूट करे के आदेश देले रहे।

जानकारी के मोताबिक बगहा के गोवर्धन थाना इलाका के बलुआ में सनीचर के मां-बेटा के बाघ शिकार क लेलस। बबिता देवी नाम के महिला सबेरे घास काटे खेत के ओर गइल रहली। उनका संगे उनकर मासूम लइको रहे। बाघ दुनो प हमला कइलस आ फेर मौत के घाट उतार देलस। दुनो के शव मिल गइल बा।

एक ना तीन-तीन आदमखोर बाघ?

ऊख के खेत में टाइगर के छिपल होखला के आशंका बा। लोग खेत के घेरके बाघ के खोजबीन क रहल बा। सूचना मिलला प वन विभाग के टीम मवका प पहुंचल, त ओकरा ग्रामीणों गुस्सा झेलना पड़ा। लोग वनकर्मियन के बंधक बना लेले बा। ओहिजा, खबर ई आ रहल बा कि सनीचर के हमला करे वाला एगो ना बलुक तीन बाघ रहे। वीटीआर से सटल इलाकन में बीतल ढाई महीना में 7 लोगन के बाघ के हमला में मौत हो चुकल बा। एह साल अब तक करीब 10 जान जा चुकल बा।

बाघ के लगातार हो रहल हमला से वीटीआर से सटल गांवन में लोग खौफजदा बा। बाघ एही हफ्ता बुध देर रात घर में सुतल एगो 12 साल के लईकी के मार देलस। सुक के सबेरे उ रामनगर में शौच प गइल एगो शख्स प पीछा से हमला क देलस, जेमे ओकर मौत हो गइल। एकरा बाद स्थानीय लोग के गुस्सा फूट पड़ल आ ऊ लोग वन विभाग के दफ्तर प हंगामा क दिहल।

वन अधिकारी लोग नेशनल टाइगर कंजर्वेशन अथॉरिटी (एनटीसीए) से आदमखोर बाघ के शूट करे के आदेश मांगल लो। एनटीसी तुरंत आदेश जारी क देलस। सुक के दुपहरिया बाद शूटिंग के आदेश मिलते एसटीएफ तैनात कइल गइल, जेमे शूटर्स, एक्सपर्ट्स आ वन विभाग के कर्मचारी शामिल बा लो।  फिलहाल टाइगर के खोज कइल जा रहल बा, ओकरा के देखतही गोली मार दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]