[the_ad_group id="30365"]

Deoria News: देवरिया के लाल मचा रहल बाड़े गुजरात सुपर लीग में धमाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

एक मई से शुरू होखे वाला गुजरात फुटबाल सुपर लीग में देवरिया निवासी फुटबाल खिलाड़ी विश पाण्डेय के कर्णावती नाइट्स टीम में चुनल गइल बा. अपना पहिला मैच में कर्णावती के टीम विशेष के दू गो गोल के बदौलत 3-1 के अंतर से मैच जीत लिहलस. एह मैच में विशेष के मैच के खिलाड़ी चुनल गइल.

तरकुलवा विकास प्रखंड के गोपालपुर गांव निवासी रजनीश पाण्डेय किसान हs। उनकर बेटा विशेष पाण्डेय के खेल में रुचि शुरू से ही रहे। प्राथमिक शिक्षा के बाद विशेष पढ़ाई खातिर गुजरात के अहमदाबाद में अपना चाचा नीरज पांडेय के लगे गईले। नीरज पांडे उहाँ रेलवे में काम करेले। विशेष पढ़ाई के संगे उs फुटबाल खेले में भी बहुत रुचि लेवे लगले।

विशेष के चाचा फुटबाल सीखे खातिर अहमदाबाद के फुटबाल स्टेडियम में नाम लिखववले। बचपन से फुटबाल के शौक विशेष के एगो बढ़िया फुटबाल खिलाड़ी बना दिहलस।

अपना खेल के आधार पs उs गुजरात राज्य के अंडर-12 से अंडर-19 अवुरी राज्य के सीनियर टीम खातीर खेल चुकल बाड़े। फिलहाल उs गुजरात के सीनियर टीम के हिस्सा भी बाड़े। कई राष्ट्रीय प्रतियोगिता में गुजरात टीम के कप्तान भी रहल बा।

एह साल गुजरात के मशहूर फुटबाल सुपर लीग में उनुकर चयन भइल बा. एह लीग में कुल छह गो टीम भाग ले रहल बाड़ी सँ. विशेष के कर्णावती नाइट्स टीम में चुनल गइल बा. ई लीग एक मई से शुरू भइल बा आ फाइनल 12 मई के खेलल जाई. फुटबॉल में विशेष रुचि के साथ बी.पी.एड के पढ़ाई। उनकर बाबूजी किसान हवें। गाँव में खेती करेला।

भारतीय सीनियर टीम में जगह बनावे खातिर मेहनत कइल

विशेष बतवले कि उनुकर सपना भारतीय टीम खातिर खेले के बा। एकरा खातीर उs बहुत मेहनत करतारे। उs अपना दादी दुर्गावती पांडेय के गुजरात राज्य खातिर खेले के उपलब्धि के पीछे प्रेरणा मानत बाड़े। पिछला बियफे के दिने अपना पहिला मैच में कर्णावती टीम सौराष्ट्र स्पोर्ट्स टीम के 3-1 से हरा दिहले रहुवे. एह मैच में विशेष दू गो गोल कइले रहले. एकरा खातिर उनुका के प्लेयर ऑफ द मैच चुनल गइल.

विशेष के प्रशिक्षक धर्मेश पटेल के कहना बा कि विशेस बहुते बढ़िया फोरवार्ड खिलाड़ी हउवें. उनकर चपलता विपक्षी टीम के खिलाड़ियन के परेशान राखेला. आवे वाला समय में कवनो खास देश के राष्ट्रीय टीम के हिस्सा होईहे।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]