Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

विनेश फोगट खेल मंत्री अनुराग ठाकुर पs लगवली आरोप, कहली- कमेटी बनाके ममिला के दबावे के कोसिस कइलें 

पहलवान विनेश फोगाट अनुराग ठाकुर पs बड़ आरोप लगावत कहलें कि ऊ बृजभूषण शरण सिंह ममिला के दबावे के कोसिस कइलें। फोगाट मीडिया के संबोधित करत कहली, अइसन व्यक्ति के खिलाफ खड़ा होखल बहुत मुस्किल बा जे आपन ताकत आ पद के गलत इस्तेमाल करत होखे।

556

भारत के कइयन गो चर्चित आ शीर्ष पहलवान पिछला महीना के 23 तारीख से भारतीय कुश्ती महासंघ के अध्यक्ष बृजभूष शरण सिंह पs खिलाड़ियन के यौन उत्पीड़न करे के आरोप में कार्रवाई के मांग के लेके प्रदर्शन कर रहल बा लो।

भारतीय कुश्ती महासंघ (डब्ल्यूएफआई) के प्रमुख आ भाजपा सांसद बृजभूषण शरण सिंह के खिलाफ आउर शीर्ष पहलवानन के संगे जंतर-मंतर पs प्रदर्शन कs रहल भारत के शीर्ष पहलवान विनेश फोगट ने कहल कि एगो शक्तिशाली व्यक्ति के खिलाफ खड़ा होखल मुस्किल बा जवन लमहर समय तक आपन शक्ति आ इस्थिति के दुरुपयोग करत रहल। ऊ खुलासा कइलें कि पहिला बेर जंतर मंतर पs आपन विरोध सुरू करे से पहिले पहलवान लोग एगो अधिकारी से मुलाकात कइले रहे लो, बाकिर कवनो कार्रवाई ना भइल।

पहलवान डब्ल्यूएफआई प्रमुख के खिलाफ यौन उत्पीड़न के आरोपन के जांच के मांग कs रहल बा लो आ उनका गिरफ्तारी के मांग कs रहल बा लो।

महिला एथलीटन के होला यौन उत्पीड़न- वीनेश फोगट 

विनेश कहा, ‘जंतर मंतर पs बइठे से तीन-चार महीना पहिले, हम एगो अधिकारी से मिलल रहनी, हमनी के उनका के सब कुछ बतवले रहनी सs कि कइसे महिला एथलीटन के यौन उत्पीड़न आ मानसिक रूप से प्रताड़ित कइल जाला, जब कवनो कार्रवाई ना कइल गइल, तs हमनी के धरना पs बइठ गइनी सs।’

महिला पहलवान विनेश फोगट अनुराग ठाकुर पs लगवली आरोप 

विनेश फोगट केंद्रीय खेल मंत्री अनुराग ठाकुर पs कवनो कार्रवाई ना करे आ कमेटी बनाके ममिला के दबावे के लेके निशाना सधली। ऊ कहली, ‘हमनी के केंद्रीय खेल मंत्री (अनुराग ठाकुर) से बात कइला के बाद आपन विरोध समाप्त कs देनी सs आ सब एथलीट उनका के यौन उत्पीड़न के बारे में बतवले रहे लो। एगो समिति बनाके ऊ उहां ममिला के दबावे के कोसिस कइलें, ओह समय कवनो कार्रवाई ना कइल गइल।

535250cookie-checkविनेश फोगट खेल मंत्री अनुराग ठाकुर पs लगवली आरोप, कहली- कमेटी बनाके ममिला के दबावे के कोसिस कइलें 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.