[the_ad_group id="30365"]

Rajnath Singh: रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह मालदीव के बिदेस मंत्री से कइलें मुलाकात, एह मुद्दन पs भइल चरचा 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रक्षामंत्री राजनाथ सिंह के सोमार के मालदीव में गर्मजोशी से स्वागत भइल। मालदीव के रक्षामंत्री मारिया दीदी उत्तर माले एटोल में वेलाना हवाई अड्डा पs उनकर स्वागत करे पहुंचलीं।मालदीव के रक्षा बलन के प्रमुख मेजर जनरल अब्दुल्ला समाल आ कइयन गो आउर वरिष्ठ अधिकारी उनका संगे मवजूद रहे लो। बतौर रक्षामंत्री ई राजनाथ सिंह के पहिला मालदीव यात्रा हs।

मालदीव रक्षा मंत्रालय कहलस राजनाथ सिंह के यात्रा दुनो देसन के बीच संबंधन में एगो अहम मील के पत्थर बा। ई पहिले से मवजूद रक्षा संबंधन में गतिशीलता आ गति के एगो नया स्तर प्रदान करत बा। 1 से 3 मई तक के यात्रा में सिंह मालदीव के रक्षा बलन के निगरानी जहाज आ एगो लैंडिक हवाई जहाज सउपिहें। ई समुद्री निगरानी बढ़ावे खातिर भारत के ओर से तोहफा बा।

आधिकारिक बयान के मोताबिक दुनो रक्षामंत्री भारत आ मालदीव के बीच रक्षा सहजोग बढ़ावे आ दीर्घकालिक रक्षा आउर सुरक्षा साझेदारी के मजबूत करे खातिर द्विपक्षीय वार्ता करी। भारतीय उच्चायोग कहलस, सिंह के यात्रा के दौरान द्विपक्षीय रक्षा संबंधन के सब पहलुअन के समीक्षा कइल जाई।

डोभाल के ईरानी एनएसए के संगे क्षेत्रीय विकास पs बात

राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार (एनएसए) अजीत डोभाल सोमार के तेहरान में ईरान के एनएसए अली शामखानी के संगे आर्थिक, राजनीतिक आ सुरक्षा संबंधन पs व्यापक बातचीत कइलें। दुनो अधिकारी क्षेत्रीय-अंतरराष्ट्रीय विकास पs चरचा कइल लो। हालांकि, भारत भा ईरान डोभाल के दौरा पs कवनो घोषणा नइखे कइलें। डोभाल के ईरान यात्रा एह हफ्ता गोवा में शंघाई सहयोग संगठन (एससीओ) के विदेश मंत्रियन के बैठक से पहिले हो रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]