योजनन में धांधली के लेके ग्रामीण लोग देलस धरना: मशरक नगर पंचायत में प्रदर्शन, प्रदर्शनकारी बोलल लो- आगे करेम सs हल्ला-बोल पोलखोल प्रदर्शन

Share

छपरा के मशरक नगर पंचायत क्षेत्र में चल रहल अलग-अलग योजनन में धांधली आ एकर शिकायत के अनसुना करे पs आक्रोशित ग्रामीण लोग मशरक नगर पंचायत कार्यालय परिसर में धरना प्रदर्शन कइल लो।

धरना-प्रदर्शन कs रहल ग्रामीणन में दिवाकर प्रसाद, नौसाद आलम, सरोज कुमार, रंजीत कुमार, मो.सदीक, सचिन कुमार, लोजपा नगर पंचायत अध्यक्ष मुकेश कुमार सिंह, राजद नेता विरेंद्र यादव सहित आउर ग्रामीण लोग नगर पंचायत कार्यालय परिसर में शांतिपूर्ण धरना-प्रदर्शन कइल लो।

नगर पंचायत क्षेत्र में कइल गइल योजना आ चल रहल योजनन में जबरदस्त धांधली के आरोप नगर पंचायत चेयरमैन, उप मुख्य पार्षद आ वार्ड पार्षदन पs लगावल लो। ग्रामीण लोग बतावल कि नगर पंचायत के हर योजना में जबरदस्त धांधली मचल बा। केहूओ शिकायत सुने के तइयार नइखे। ऊ आरोप लगवले कि पहिलही आवेदन देके धरना-प्रदर्शन करे के चेतावनी दिहल गइल रहे, तs एगो कर्मचारी के छोड़ के सक्षम अधिकारी मवजूद नइखे। धरना-प्रदर्शन करे वाला लोग योजनन में धांधली के जांच कs  के कार्रवाई करे के मांग कइले बा लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-