[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर AIIMS में प्रशासनिक पदन के प्रभारी बदल लो : नया निदेशक डॉ. अजय भारती के MS बनवलें, डॉ. हरिशंकर जोशी के मिलल रजिस्टार पद के जिम्मेदारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर AIIMS के कार्यकारी निदेशक डॉ. जीके पाल संस्थान के अहम पदन में फेरबदल कइले बाडें। ऊ पूर्व निदेशक डॉ. सुरेखा किशोर के कइयन चहेतन के नया कमेटी से बाहर कs देलें। AIIMS में सब महत्वपूर्ण पदन के प्रभारी बदल दिहल गइल बा लो।

अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेंडेंट MS के जिम्मेदारी हड्डी रोग डिपार्टमेंट के HOD डॉ. अजय भारती के सउपल गइल बा। एकरा अलावे डीन रिसर्च आ रजिस्टार के जिम्मेदारी डॉ. हरिशंकर जोशी के दिहल गइल बा। ऊ कम्युनिटी एंड फैमिली मेडिसिन डिपार्टमेंट के HOD हवे। बालरोग डिपार्टमेंट के HOD डॉ. महिमा मित्तल के डीन एकेडमिक बनावल गइल बा। फार्माकोलॉजी डिपार्टमेंट के HOD डॉ. मनोज कुमार सौरभ के डीन एग्जामिनेशन बनावल गइल बा। पहिले ऊ मेडिकल सुपरिंटेंडेंट रहस।

एनेस्थीसिया के HOD डॉ. विक्रमवर्धन के फैकल्टी रिसर्च बनावल गइल बा। ऊ डीन रिसर्च के मदद में रहिहें। पल्मोनरी मेडिसिन डिपार्टमेंट के HOD डॉ. सुबोध कुमार के फैकल्टी एडमिनिस्ट्रेशन के जिम्मेदारी दिहल गइल बा। ऊ उपनिदेशक प्रशासन के कोऑर्डिनेट करिहें।

AIIMS में सृजित भइल नया पद

AIIMS में नया पद फैकल्टी ऑफ फाइनेंस के सृजन कइल गइल बा। एकर जिम्मेदारी दंतरोग के विभागाध्यक्ष डॉ. श्रीनिवास टीएस के दिहल गइल बा। अस्पताल के इंतजामन के दुरुस्त करे खातिर डिप्टी मेडिकल सुपरिंटेंडेंट डॉ. आनंद मोहन दीक्षित के बनावल गइल बा।

प्रशासकीय कमेटी के भइल गठन

कार्यकारी निदेशक प्रशासन के सुचारू रूप से चलावे खातिर एगो प्रशासकीय कमेटी गठित कइले बाड़ें। एमे अध्यक्ष कार्यकारी निदेशक बाड़ें। जबकि उपाध्यक्ष के तौर पs डीन एकेडमिक के रखल गइल बा।

एकरा अलावे डीन रिसर्च, डीन स्टूडेंट वेलफेयर, डीन एग्जामिनेशन, मेडिकल सुपरिटेंडेंट, उपनिदेशक प्रशासन, फैकेल्टी आफ फाइनेंस, लीगल एडवाइजर के संगही मानसिक रोग, नेत्र रोग, फार्मोकोलॉजी आ बायोकेमेस्ट्री के विभागाध्यक्षन के सदस्य के तौर पs सामिल कइल गइल बा।

कार्यकारी निदेशक बतवलें कि प्रशासन के संचालन खातिर  आवश्यक पदन पs बदलाव के जरूरत रहे। एकरा के लेके मंथन चलत रहे। अलग-अलग समूह में शिक्षकन से संवाद कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]