[the_ad_group id="30365"]

ट्रांसफर-पोस्टिंग ! CM नीतीश IAS अफसरन के तबादला के तीसरका लिस्ट जारी कइलें, 14 अफसरन के कहां भेजल गइल, जानीं…

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अफसरन के स्थानांतरण के फाइल पs लगातार मुहर लगा रहल बाड़ें। एही कड़ी में 23 जनवरी के अधिकारियन के ट्रांसफर के तीसरका लिस्ट जारी कइल बा। एमे 14 आईएएस अधिकारी सामिल बा लो। कइयन जिलन में पदस्थापित उप विकास आयुक्त जे आईएएस अफसर बा लो, ओह लोगन के नया जिम्मेदारी दिहल गइल बा। दरभंगा के डीडीसी प्रतिभा रानी के बेतिया के उप विकास आयुक्त बनावल गइल बा। दरभंगा सदर के एसडीओ चंद्रिमा अत्री के वैशाली के एसडीओ बनावल गइल बा। दीपेश कुमार (पदस्थापन के प्रतीक्षा में) के उप विकास आयुक्त मधुबनी के पद पs पोस्टिंग कइल गइल बा।

मधेपुरा के उप विकास आयुक्त नितिन कुमार सिंह के भागलपुर के नगर आयुक्त बनावल गइल बा। रोहतास के उप विकास आयुक्त शेखर आनंद के नालंदा के नगर आयुक्त बनावल गइल बा। पश्चिम चंपारण के उप विकास आयुक्त अनिल कुमार के बिहार एड्स नियंत्रण सोसाइटी में परियोजना निदेशक के पद पs पदस्थापित कइल गइल बा। भागलपुर के नगर आयुक्त योगेश कुमार सागर के उद्योग विभाग में संयुक्त सचिव बनावल गइल बा।

पूर्णिया के नगर आयुक्त आरिफ अहसन के स्थानांतरित कs के नगर विकास विभाग में संयुक्त सचिव बनावल गइल बा। मधुबनी के उप विकास आयुक्त विशाल राज के स्थानांतरित कs के उद्योग विभाग में निदेशक तकनीकी विकास बनावल गइल बा। नालंदा के नगर आयुक्त तरनजोत सिंह के पशु आ मत्स्य संसाधन विभाग में निदेशक बनावल गइल बा। पदस्थापन के प्रतीक्षा में रहल उदिता सिंह के बंदोबस्त पदाधिकारी नालंदा बनावल गइल बा।

सूचना आ जन संपर्क विभाग के संयुक्त सचिव सत्येंद्र कुमार सिंह के नगर आयुक्त बेगूसराय के पद पs स्थापित कइल गइल बा। अपर समाहर्ता बक्सर किशोरी चौधरी के संयुक्त सचिव राजस्व आ भूमि सुधार विभाग में पदस्थापित कइल गइल बा। पश्चिम चंपारण के बंदोबस्त पदाधिकारी सुरेश चौधरी के पंचायती राज विभाग में सचिव के पद पs पदस्थापित कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]