[the_ad_group id="30365"]

खुशखबर: दर्शक एक साथ देख पइहें सफेद बाघ अउरी बंगाल टाइगर, चिड़ियाघर के रोमांच होई दोगुना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में दर्शक जल्दिये चिड़ियाघर में सफेद बाघ अउरी बंगाल टाइगर एक साथ देख पइहें। हालांकि, बंगाल टाइगर (बाघ) पहिलही चिड़ियाघर में आ चुकल बा अउरी दर्शक दीदार करत रहने। लेकिन, सफेद बाघ के अभिन पशु अस्पताल में क्वारंटीन सेंटर में रखल गइल बा।

चिड़ियाघर के बाड़ा में एके रखल जाई। एकरे बगल में क्राल में तैयार कईल जा रहल सफेद बाघ को भी रखल जाई। एही के बगल में बंगाल टाइल अउरी बब्बर शेर का क्राल पहिले से ही तैयार बा। पशु चिकित्साधिकारी डॉ. योगेश प्रताप सिंह बतवलें कि सफेद बाघ के लिए सब इंतजाम कइल जा रहल बा।

केके कहल जाला क्राल

चिड़ियाघर में वन्य जीव के बाड़े के बाहर खुलहा हिस्सा पैडॉक कहाला। बब्बर शेर, बाघ खातिर पैडॉक के बगल में क्राल बनाके तइयार कइल जाला। ई खुलहा होला बा अउरी दर्शक करीब से एहमें रहे वाले वन्य जीव के देख सकल जाला। एक नियमित समय पर इनके क्राल में भेजल जाला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]