नैनीताल। कुमाऊं विश्वविद्यालय के कार्यक्रम खत्म होखला के बाद उपराष्ट्रपति जगदीप धनखड़ के अचानक तबीयत खराब हो गइल। उपराष्ट्रपति जगदीप धनखड़ आज बुध के तीन दिवसीय उत्तराखंड दौरा पs पहुंचलें। हल्द्वानी आर्मी हैलीपेड पs राज्यपाल लेफ्टिनेंट जनरल गुरमीत सिंह (सेनि) उनका के स्वागत कइलें।
मुख्यमंत्री के ओर से कैबिनेट मंत्री रेखा आर्या, सांसद अजय भट्ट, हल्द्वानी मेयर गजराज बिष्ट, वन एवं पर्यावरण सलाहकार समिति के उपाध्यक्ष दीपक महरा, आयुक्त कुमाऊं दीपक रावत, आईजी रिद्धिम अग्रवाल, जिलाधिकारी वंदना, एसएसपी प्रहलाद नारायण मीणा सहित आउर अधिकारी उपराष्ट्रपति के अभिनंदन कइले रहस।
नैनीताल में कुमाऊं विश्वाविद्यालय के स्वर्ण जयंती समारोह कार्यक्रम में उप राष्ट्रपति जगदीप धनखड़ मुख्य अतिथि रहस। अपना 45 मिनट के संबोधन में उ बार-बार कार्यक्रम में उपस्थित 1989 में अपना संगे सांसद रहल डॉ. महेंद्र सिंह पाल के जिकिर कइलें।
कार्यक्रम के बाद मंच से उतरके उ डॉ. पाल के गला लगवलें। पांच मिनट तक पुरान बात करत रहस। डॉ. पाल बहते भावुक होके रोवे लगलें। बाद में डॉ. पाल के गला लगावत उप राष्ट्रपति धनखड़ रोवे लगले।
तबे धनखड़ के स्वास्थ्य बिगड़ गइल आ उ वे डॉ. पाल के गला लगतही नीचे गिर गइलें। मवका पs चिकित्सकन के टीम उनका के प्राथमिक उपचार दिहल। जवना के बाद उ राज्यपाल गुरमीत सिंह के संगे राजभवन खातिर रवाना हो गइलें।
Read Also: UP: सीएम योगी बोललें- मोदी राज में किसानन में आइल खुसहाली, अब किसान आत्महत्या नइखे करत