Bhojpuri : जन जागरण अभियान के 25वां विशाल धरना 3 अगस्त के, जंतर मंतर पs भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता दिलावे के उठी मांग

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 26, 2025

नई दिल्ली : भोजपुरी भाषा के संविधान के आठवीं अनुसूची में सामिल करावे के मांग के लेके 3 अगस्त 2025, अतवार के दिल्ली के जंतर मंतर पs 25वां विशाल धरना आयोजित कइल जाई। ई आयोजन

Share

नई दिल्ली : भोजपुरी भाषा के संविधान के आठवीं अनुसूची में सामिल करावे के मांग के लेके 3 अगस्त 2025, अतवार के दिल्ली के जंतर मंतर पs 25वां विशाल धरना आयोजित कइल जाई। ई आयोजन भोजपुरी जन जागरण अभियान के बैनर तले कइल जा रहल बा। कार्यक्रम के नेतृत्व अभियान के राष्ट्रीय अध्यक्ष डॉ. संतोष पटेल करिहें।

भोजपुरी भाषा खाली भारते ना, बलुक विश्व के 16 देसन में लगभग 25-30 करोड़ लोगन द्वारा बोलल जाला। एकरा बादो ई भाषा अभी ले संविधान में मान्यता प्राप्त नइखे कs सकल। इहे कारण बा कि भोजपुरी प्रेमी अबकी बेर आर-पार के लड़ाई के ऐलान कइले बा लो।

डॉ. संतोष पटेल के कहनाम बा कि देस के बड़-बड़ राजनीतिक दल चुनाव के समय भोजपुरी भाषा के ओकर हक दिलावे के बात करेला, बाकिर सत्ता में अइला के बाद ठोस कदम नइखे उठावत। उ कहलें कि अब समय आ गइल बा कि भोजपुरी भाषी लोग एकजुट होके संवैधानिक मान्यता के लड़ाई के निर्णायक दिशा देवे।

एह धरना प्रदर्शन के सफल बनावे खातिर देसभर के भोजपुरी भाषा से जुड़ल संस्था, साहित्यकार, पत्रकार, कलाकार आ आम जनमानस से भागीदारी के अपील कइल गइल बा। आयोजक लोग कहल कि भोजपुरी प्रेमी बड़ संख्या में जंतर मंतर पहुंचके आपन भाषा खातिर आवाज बुलंद करे।

एह आयोजन के सफल बनावे खातिर डॉ. संतोष पटेल, धनंजय सिंह, देवेंद्र कुमार, अभिषेक भोजपुरिया, मुखदेव बैठा, डॉ. पुष्कर कुमार, राजेश भोजपुरिया, सीके भट्ट, राहुल सिंह, संतोष यादव, आर्यन कुमार, अमरजीत कुमार, अमित कनौजिया, प्रमेन्द्र सिंह, प्रवीण सिंह, मनोज सिंह, लोकगायिका सोनी चौहान आ कवयित्री शालिनी सहित आउर कार्यकर्ता जुटल बा लो।

Read Also: Share Market : घरेलू शेयर बाजार के सपाट सुरुआत; हरियर निशान पs खुलल सेंसेक्स-निफ्टी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.