Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Vikram Gokhale: दिग्गज अभिनेता विक्रम गोखले के 82 साल के उम्र में निधन, पुणे के एगो अस्पताल में रहलें भरती 

1,635

फिलिम, टेलीविजन आ रंगमंच के वरिष्ठ अभिनेता विक्रम गोखले के 82 साल के उमिर में निधन हो गइल बा। ऊ पुणे के एगो अस्पताल में आखिरी सांस लेलें। उनकर तबीयत बिगड़ला के बाद अस्पताल में भर्ती करावल गइल रहे।

जहां से बुध के देर रात उनकर निधन के खबर आइल। डॉक्टर लोग बतावल, गोखले के कुछ दिन पहिले दीनानाथ मंगेशकर अस्पताल में भर्ती करावल गइल रहे।

गोखले ने कइयन गो मराठी आ हिंदी फिलिमन में कइले रहलें अभिनय

विक्रम गोखले कइयन गो मराठी आ हिंदी फिल्मन में अभिनय कइले रहस। उनका फिलिमन में 1990 के अमिताभ बच्चन अभिनीत ‘अग्निपथ’ आ 1999 में सलमान खान आउर ऐश्वर्या राय बच्चन अभिनीत ‘हम दिल दे चुके सनम’ सामिल बा।

26 साल के उमिर में विक्रम गोखले कइले रहस डेब्यू

विक्रम गोखले 26 साल के उमिर में अभिनय के क्षेत्र में पहिला डेग रखले रहस। 1971 में ऊ अपना करियर के सुरुआत कइले रहस। उनकर पहिला फिलिम अमिताभ बच्चन के साथे रहे, जवना के नाम रहे परवान।

विक्रम गोखले के 2013 में मिलल रहे बेस्ट एक्टर के अवॉर्ड

विक्रम गोखले के 2013 में मराठी फिलिम, अनुमती में सानदार अभिनय खातिर बेस्ट एक्टर के अवॉर्ड मिलल रहे। गोखले एक्टर चंद्रकांत गोखले के बेटा रहस।

389570cookie-checkVikram Gokhale: दिग्गज अभिनेता विक्रम गोखले के 82 साल के उम्र में निधन, पुणे के एगो अस्पताल में रहलें भरती 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.