[the_ad_group id="30365"]

Bengal: कार्डियक अरेस्ट के चलते 24 साल के बांग्ला अभिनेत्री एंड्रिला शर्मा के निधन, दु बेर कैंसर के देले रहली मात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बांग्ला अभिनेत्री एंड्रिला शर्मा के कार्डियक अरेस्ट के चलते निधन हो गइल बा। एंड्रिला शर्मा पिछला कुछ दिनन से बेमार चलत रहली। ऊ कोमा में रहली। एंड्रिला शर्मा मुर्शिदाबाद से आवेली।

एकरा पहिले ऊ दु बेर कैंसर के मात दे चुकल रहली। उनकर आर्थिक मदद खातिर बालीवुड के मशहूर सिंगर अरिजीत सिंह खुद आगे आइल रहस।

24 साल के एंड्रिला शर्मा के अतवार के निधन हो गइल। मल्टीपल कार्डियक अरेस्ट के चलते उनकरा निधन भइल। अभिनेत्री दुपहर 12.59 बजे आखिरी सांस लेली। अस्पताल के सूत्र बतावल लो कि उनका दिल के दौरा पड़ल रहे। सीपीआर सपोर्ट उनका के दिहल गइल। उनकर हालत बहुते गंभीर बतावल जात रहे।

एक नवंबर 2022 के एंड्रिला शर्मा के ब्रेन स्ट्रोक भइल रहे  जवना के बाद उनका के अस्पताल में भरती करावल गइल रहे। ऊ कइयन दिनन से वेंटिलेटर पs रहली। अस्पताल के बढ़त करजा से ऊ बहुते परेसान रहली। जवना के बाद बालीवुड के मशहूर सिंगर अरिजीत सिंह मदद के हाथ बढ़वले रहस। रिपोर्ट्स के मोताबिक 12 लाख से बेसी अस्पताल के खर्च हो चुकल रहे।

दु बेर जीत चुकल रहली कैंसर के जंग

दिल दुखावे वाला बात ई बा कि एंड्रिला शर्मा दु बेर कैंसर के मात दे चुकल रहली बाकिर हार्ट अटैक से ऊ जीत ना सकली। एतनही ना एंड्रिला कैंसर से जंग जीतला के बाद कमबैको कर चुकल रहली। अभिनेत्री के निधन के बारे में सुनके उनकर फैंस आ कोस्टार्स खासा दुखी बा लो आ इंटरनेट मीडिया पs शोक जता रहल बा लो।

 

एंड्रिला शर्मा मुर्शिदाबाद से आवेली। ऊ साल 2007 में टीवी शो झूमर से डेब्यू कइले रहली। एकरा बाद ऊ जियो काथी, जिबोन ज्योति जइसन कइयन शोज में काम कइली। एतनही ना ऊ वेब सीरीजो में काम कर चुकल बा। इंटरनेट मीडिया पs उनकर बहुते फैन फालोइंग देखे के मिलत रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]