Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यमुना एक्सप्रेसवे पs 60 से 80 किमी के रफ्तार से ही दौड़ सकी वाहन, पढ़ लेईं ई जरूरी खबर

521
यमुना एक्सप्रेसवे पर बढ़त कोहरा के वजह से हो रहल हादसन पs लगाम लगावे खातिर रफ्तार पर काबू करे के योजना बना लिहल गइल बा। 15 दिसंबर से एक्सप्रेसवे पर भारी वाहन 60 किमी अउर हलुक वाहन 80 किमी के रफ्तार से दौड़ पइहें। रफ्तार पर ई प्रतिबंध 15 फरवरी ले रही।
दरअसल, यमुना एक्सप्रेसवे पर सर्दियन में हादसा के आंकड़ा बढ़ जाला। एह पर लगाम लगावे खातिर यमना प्राधिकरण हर साल सर्दियन में एक्सप्रेसवे पर वाहन के रफ्तार कम कs देला। एहसे हादसन में कमी आ जाला।
एहू साल 15 दिसंबर से 15 फरवरी ले वाहन रफ्तार पर लगाम लगावल जाई। प्राधिकरण के ओर से एकरे खातिर तैयारी कs लीहल गइल बा अउर जेपी समूह के एकर पालन करावे के निर्देश जारी कs दिहल गइल बा।
402850cookie-checkयमुना एक्सप्रेसवे पs 60 से 80 किमी के रफ्तार से ही दौड़ सकी वाहन, पढ़ लेईं ई जरूरी खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.