[the_ad_group id="30365"]

यमुना एक्सप्रेसवे पs 60 से 80 किमी के रफ्तार से ही दौड़ सकी वाहन, पढ़ लेईं ई जरूरी खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यमुना एक्सप्रेसवे पर बढ़त कोहरा के वजह से हो रहल हादसन पs लगाम लगावे खातिर रफ्तार पर काबू करे के योजना बना लिहल गइल बा। 15 दिसंबर से एक्सप्रेसवे पर भारी वाहन 60 किमी अउर हलुक वाहन 80 किमी के रफ्तार से दौड़ पइहें। रफ्तार पर ई प्रतिबंध 15 फरवरी ले रही।
दरअसल, यमुना एक्सप्रेसवे पर सर्दियन में हादसा के आंकड़ा बढ़ जाला। एह पर लगाम लगावे खातिर यमना प्राधिकरण हर साल सर्दियन में एक्सप्रेसवे पर वाहन के रफ्तार कम कs देला। एहसे हादसन में कमी आ जाला।
एहू साल 15 दिसंबर से 15 फरवरी ले वाहन रफ्तार पर लगाम लगावल जाई। प्राधिकरण के ओर से एकरे खातिर तैयारी कs लीहल गइल बा अउर जेपी समूह के एकर पालन करावे के निर्देश जारी कs दिहल गइल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]