[the_ad_group id="30365"]

एसआईटी हत्याकांड के मोस्टवांटेड चढ़ल पुलिस के हत्थे: कुख्यात बिट्टू के संगे 5 अपराधी गिरफ्तार, कइयन साल से चलत रहे 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा में सारण पुलिस के बड़ सफलता हाथे लागल बा। पचास हजार के इनामी कुख्यात अपराधी बिट्टू कुमार पुलिस के हत्थे चढ़ गइल। जवना के संदर्भ में पुलिस अधीक्षक संतोष कुमार प्रेस कॉन्फ्रेंस करत जानकारी दिहल। गिरफ्तार बिट्टू जिला के मोस्ट वांटेड अपराधियन में से एगो मानल जाला।

एकरा ऊपर स्थानीय प्रशासन द्वारा पांच हजार के इनाम रखल गइल रहे। बिट्टू पs एसआईटी दरोगा के हत्या सहित आउर दर्जनन मुकदमा दर्ज बा। कुख्यात बिट्टू के गिरफ्तारी सारण पुलिस खातिर बड़ उपलब्ध मानल जा रहल बा। बिट्टू के संगे ओकरा आउर चार साथियन के गिरफ्तारी भइल बा।

एकर पहचान जलालपुर थाना क्षेत्र के बसडीला गावं निवासी बिट्टू कुमार सिंह पिता रामनरेश सिंह, अभिषेक कुमार पिता दिलीप कुमार सिंह, सूरज कुमार पिता अवधेश कुमार सिंह, मनीष कुमार पिता राजेंद्र सिंह आ रिविलगंज थाना क्षेत्र के रिविलगंज निवासी सौरव कुमार पिता राधेश्याम प्रसाद के रूप में भइल बा। एसआईटी दरोगा आ सिपाही हत्याकांड में बिट्टू वांछित अपराधी रहे। जवन बरिसन से फरार चलत रहे।

गिरफ्तारी के संदर्भ में प्रेस कॉन्फ्रेंस करत सारण एसपी संतोष कुमार मीडिया के बतवले कि गिरफ्तार बिट्टू के पुलिस के लमहर समय से तलाश रहे। जवना के अलग-अलग जगहन पर कइयन बेर छापेमारी कइल गइल। बिट्टू पुलिस के चकमा देके फरार हो गइल। सनीचर के रात पुलिस के जानकारी मिलल कि गरखा थाना क्षेत्र में सफेद स्कॉर्पियो से बिट्टू आ ओकर साथी कवनो आपराधिक घटना के अंजाम देवे के योजना बना रहल बाड़ें।

एही दौरान एसआईटी आ स्थानीय प्रशासन के मदद से बिट्टू आ ओकर साथियन के गिरफ्तार कs लिहल गइल। बिट्टू लूट डकैती कांटेक्ट किलिंग के संगे एटीएम फ्रॉड के कांडन से जुड़ल बा। एकर अपराधिक इतिहास सारण जिला सहित सीमावर्ती जिला आ सीमावर्ती राज्य उत्तर प्रदेश में खंगालल जा रहल बा।

एकरा संगही पकड़ल गइल अपराध कर्मियन से पूछताछ जारी बा। एही ओर एकरा टीम के आउर अपराध के बारे में खुलासा होखे के पूरा संभावना बा। बिट्टू कुमार सिंह के अपराधिक वारदातन के न्यायालय में त्वरित निवारण कs के जल्दी से जल्दी सजा दिलावे के कार्रवाई कइल जाई।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]