[the_ad_group id="30365"]

वेज vs नॉन वेज : जेएनयू में खइले के मुद्दा पर छात्रन में खूब मारपीट, कई घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जवाहर लाल नेहरू विश्वविद्यालय कैंपस में रविवार के कावेरी हॉस्टल में वामपंथी अउर एबीवीपी से जुड़ल छात्रन के बीच खूब मारपीट भइल। कावेरी हॉस्टल में संझा पांच बजे के करीब नॉन-वेज खइले के लेके विवाद शुरू भइल, जौन बाद में मारपीट ले पहुंच गइल। घटना में दस से बेसी छात्रन के चोट लागल बा। दूनों छात्र संगठन एक-दूसरे पर आरोप-प्रत्यारोप गा रहल बानें। ओन्ने, विश्वविद्यालय प्रशासन एह मामला में वरिष्ठ अधिकारियन के एह पूरा मामला के जांच रिपोर्ट बनवले के आदेश देहले बा। हिंसा के विरोध में जेएनयू के छात्र वसंत कुंज उत्तरी पुलिस स्टेशन पहुंच गइनें अउर उहां नारेबाजी करत कार्रवाई के मांग कs रहल बानें।

एबीवीपी के जेएनयू इकाई के अध्यक्ष रोहित कुमार ने कहने, ”रामनवमी के मौका पs यूनिवर्सिटी में पूजा के दौरान वाम अउर एनएसयूआई कार्यकर्ता हंगामा शुरू कइनें। मांसाहार के कौनो मुद्दा नाइ बा। समस्या रामनवमी के मौका पर कार्यक्रम के ले के बा।

जेएनयूएसयू के पूर्व अध्यक्ष एन साई बालाजी कहने, ”हम तत्काल मौके पर पहुंचनी अउर डीन अउर वार्डन से कहनी कि अइसन चीज नाइ होखें के चाहीं। सबके अपने मन के खाइले के अधिकार होखे के चाहीं। इहां शाकाहार हमेशा उपलब्ध रहsला… साँझ के लगभग 7.30-7.45 बजे ले हमनी के पता चलल कि एबीवीपी के कुछ गुंडा सब कुछ जेएनयू छात्रन के पीट रहल बानें। हमनी के देखनी जा कि एबीवीपी सदस्य कावेरी हॉस्टल के गेट के बाहर से पत्थरबाजी कर रहल बानें, ट्यूबलाइट, लकड़ियों अउर पत्थर से हमला कs रहल बानें। ऊ महिला लोग से अभद्रता कइने। हमनीके केहू के प्रार्थना से कौनो समस्या नाइ बा। एसएचओ उहवें खड़ा रहने अउर ऊ कुछउ नाइ कइनें।”

जेएनयू छात्र संघ (जेएनयूएसयू) की पूर्व उपाध्यक्ष अउर पीएचडी छात्रा सारिका कहली कि एबीवीपी जेएनयू में हिंसा पर उतर आइल बा काहेंसेकि परिसर में मांसाहार पर प्रतिबंध के उनकर कोशिश के दूसर छात्र विरोध कइले बानें सब। 50-60 लोग घायल हो गइल बानें।

दक्षिण-पश्चिम के पुलिस उपायुक्त मनोज सी कहने, ”फिलहाल स्थित शांत बा अउर दूनों छात्र दल शांतिपूर्ण तरीका से प्रदर्शन कs रहल बानें। तहरीर मिलले पs उचित कानूनी कार्रवाई कइल जाई।”

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]