[the_ad_group id="30365"]

वरुण गांधी कइलें सवाल- आठ साल में खाली सात लाख के रोजगार, एक करोड़ पद खाली, जिम्मेदार के?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पीलीभीत से भाजपा सांसद वरुण गांधी गुरुवार के ट्वीट कs के बेरोजगारी के मुद्दा पर अपने सरकार से सवाल कइले रहले।

उ ट्वीट कइलें कि पिछले आठ साल में 22 करोड़ युवा केंद्रीय विभागन में नौकरी खातिर आवेदन कइले, जेमें से सिर्फ सात लाख युवा लोग के रोजगार मिल सकल बा। संसद में सरकार द्वारा देहल गइल ई आंकड़ा बेरोजगारी के आलम बयां कs रहल बा। उ आगे सवाल कइले कि जब देश में अभिन एक करोड़ स्वीकृत पद खाली बा त एह स्थिति के जिम्मेदार के बा।
वरुण गांधी विभिन्न सामाजिक मुद्दा पर ट्विटर के माध्यम से सरकार से सवाल करत रहेने। एसे पहिले उ अग्निपथ, किसानी, बेरोजगारी आदि के मुद्दा पर भी सरकार से सवाल कइले।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]