[the_ad_group id="30365"]

वाराणसी समाचार : चौड़ा होखत सड़क के किनारे नाली पs बनावल जाई सड़क

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

वाराणसी: शहर में चौड़ा होखे वाला सड़कन के किनारे ऊँच नाली बनावल जा रहल बा। एह नाली के ऊपर रास्ता बनावल जाई। सुरक्षा आ सुविधा के ध्यान में राखत ई फैसला लिहल गइल बा, जेहसे कि पैदल चले वालन के कवनो दिक्कत ना होखे।

मोहनसराय से लहरतारा ले सिक्सलेन, पांडेयपुर से रिंग रोड ले फोरलेन, आशापुर से संदहा ले फोर लेन, लहरतारा, बीएचयू, रविंद्रपुरी फोरलेन, पड़ाव से टेंगरा मोड़ ले फोरलेन के काम चल रहल बा। एह सड़कन के साल के आखिर ले पूरा करे के कोशिश कइल जा रहल बा। सड़क के दुनो ओर नाली बनावे के फैसला भईल बा। कुछ जगहा काम शुरू हो गइल बा। सड़क के समतल नाली में छेद बनावल जाई, ताकि बरसात के पानी सड़क पs जमा ना होखे अवुरी नाली में जाए। नाली पs बनल ढक्कन के भी ओही मंशा से राखल जा रहल बा कि जरूरत पड़ला पs सफाई कईल जा सकता। ए नाली के चलते सड़क के कटाव ना होई।

निर्माणाधीन सड़कन के किनारे नाली बनावल जा रहल बा। सुरक्षा अवुरी सुविधा के देखत इ फैसला लिहल गईल बा। नाली के ऊपर से रास्ता जाई। पैदल चले वाला लोग सुरक्षित रही।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]