[the_ad_group id="30365"]

रिजर्व बैंक जम्मू-कश्मीर बैंक, बैंक ऑफ महाराष्ट्र, एक्सिस बैंक पs जुर्माना लगवलस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय रिजर्व बैंक (आरबीआई) सुक के कहलस कि उ कुछ निरदेसन के अनुपालन ना कइला पs जम्मू एंड कश्मीर बैंक पs 2.5 करोड़ रुपिया के जुर्माना लगवले बा। आरबीआई जारी कुछ निरदेसन के पालन ना करे खातिर बैंक ऑफ महाराष्ट्र पs 1.45 करोड़ रुपिया के जुर्माना लगवले बा।

केंद्रीय बैंक एगो आउर बयान में कहलस कि एक्सिस बैंक पs 30 लाख रुपिया के जुर्माना लगावल गइल बा।

एमे कहल गइल बा कि बैंक क्रेडिट कार्ड बकाया के देर से भुगतान खातिर कुछ खातन में दंडात्मक शुल्क लगवले रहे, हालांकि ग्राहक लोग आउर माध्यम से नियत तारीख तक बकाया के भुगतान कs देले रहे।

आरबीआई कहलस कि जुर्माना नियामक अनुपालन में कमियन पs आधारित बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]