Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

रिजर्व बैंक जम्मू-कश्मीर बैंक, बैंक ऑफ महाराष्ट्र, एक्सिस बैंक पs जुर्माना लगवलस 

Reserve Bank of India imposes penalty on Jammu Kashmir bank of Maharashtra axis Bank

195

भारतीय रिजर्व बैंक (आरबीआई) सुक के कहलस कि उ कुछ निरदेसन के अनुपालन ना कइला पs जम्मू एंड कश्मीर बैंक पs 2.5 करोड़ रुपिया के जुर्माना लगवले बा। आरबीआई जारी कुछ निरदेसन के पालन ना करे खातिर बैंक ऑफ महाराष्ट्र पs 1.45 करोड़ रुपिया के जुर्माना लगवले बा।

केंद्रीय बैंक एगो आउर बयान में कहलस कि एक्सिस बैंक पs 30 लाख रुपिया के जुर्माना लगावल गइल बा।

एमे कहल गइल बा कि बैंक क्रेडिट कार्ड बकाया के देर से भुगतान खातिर कुछ खातन में दंडात्मक शुल्क लगवले रहे, हालांकि ग्राहक लोग आउर माध्यम से नियत तारीख तक बकाया के भुगतान कs देले रहे।

आरबीआई कहलस कि जुर्माना नियामक अनुपालन में कमियन पs आधारित बा।

576640cookie-checkरिजर्व बैंक जम्मू-कश्मीर बैंक, बैंक ऑफ महाराष्ट्र, एक्सिस बैंक पs जुर्माना लगवलस 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.