[the_ad_group id="30365"]

अब फिलिम में दिखी वंदे भारत ट्रेन, शूटिंग के मिलल अनुमति

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत के सबसे आलीशान ट्रेन में गिनल जाए वाली वंदे भारत एक्सप्रेस जल्दिए फिल्मन में दिखे वाला बा. एह ट्रेन में पहिला बेर कवनो फिलिम के शूटिंग हो रहल बा. बुध के दिने बॉलीवुड निर्देशक सुजीत सरकार अपना आवे वाली फिलिम के शूटिंग मुंबई में शुरू कs दिहलन. एह फिलिम में पहिला बेर सीन के शूटिंग वंदे भारत ट्रेन में होखे वाला बा. प्रेस ट्रस्ट ऑफ इंडिया (पीटीआई) अधिकारियन के हवाला से ई खबर दिहले बा. पुरस्कृत फिल्म निर्माता सुजीत सरकार मुंबई सेंट्रल स्टेशन के प्लेटफार्म नंबर पांच पs भईल शूटिंग खातीर वंदे भारत ट्रेन के इस्तेमाल करेवाला पहिला निर्देशक बनले।

अपना फैसला के पीछे के तर्क बतावत पश्चिमी रेलवे के अधिकारी कहले कि मुंबई-अहमदाबाद मार्ग पs चले वाली दुगो वंदे भारत ट्रेन में से एगो ट्रेन बुध के ना चली। रखरखाव खातिर स्टेशन के यार्ड भा कार शेड में खड़ा रहेला। एगो अधिकारी कहले कि, हमनी के नीतिगत दिशा-निर्देश के मुताबिक फिलिम के शूटिंग खाती एs नॉन रनिंग ट्रेन के इस्तेमाल के अनुमति देले रहनी। उs कहले कि फिलिम के शूटिंग से रेलवे के गैर किराया बॉक्स के करीब 23 लाख रुपया के आमदनी भईल, जवन कि एक दिन पहिले मुंबई अवुरी अहमदाबाद के बीच सेमी हाई स्पीड ट्रेन के एकल यात्रा के दौरान मिलल 20 लाख रुपया से तनिका जादे बा।

इहो पढ़ीं : सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]