मशहूर सिंगर जयचंद्रन के निधन, 80 साल के उमिर में लिहसे आखिरी सांस

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 10, 2025

पी जयचंद्रन के निधन 9 जनवरी के 80 साल के उमिर में हो गइल रहे. जयचंद्रन छह दशक से अधिका के कैरियर में 16 हजार से अधिका गीत गवले. भारत आ विदेश में उनकर सुरीला

Share

मशहूर सिंगर जयचंद्रन के निधन

पी जयचंद्रन के निधन 9 जनवरी के 80 साल के उमिर में हो गइल रहे. जयचंद्रन छह दशक से अधिका के कैरियर में 16 हजार से अधिका गीत गवले. भारत आ विदेश में उनकर सुरीला आवाज खातिर जानल जात रहले. त्रिशूर के एगो निजी अस्पताल में इलाज के दौरान जयचंद्रन के अंतिम सांस लिहले। उs बहुत दिन से अस्वस्थ रहले। जहां 8 जनवरी 2025 के मशहूर कवि, सांसद अवुरी फिल्म निर्माता प्रीतीश नंदी अंतिम सांस लेले रहले, उहें अब जयचंद्र के निधन के खबर सुन के सिनेमा जगत शोक में डूबल बा।

मशहूर गायक के निधन

‘भाव गायकन’ के नाव से लोकप्रिय जयचंद्रन भारतीय संगीत प्रेमियन खातिर एगो उल्लेखनीय विरासत छोड़ले बाड़न. अपना आत्मानुभूति आ दर्द वाला आवाज खातिर जानल जाए वाला जयचंद्रन मलयालम, तमिल, तेलुगु, कन्नड़ आ हिंदी के कई गो गीतन के आपन आवाज देके लोग के दिल में एगो खास जगह बनवले। फिलिमन के अलावा ऊ कई गो भक्ति गीत भी गवलें, जेकरा चलते ऊ भारतीय प्लेबैक इतिहास में सभसे लोकप्रिय गीतन में गिनल जालें।  दुनिया से अलविदा कहला के बाद जयचंद्रन अब अपना पीछे पत्नी ललिता, बेटी लक्ष्मी अवुरी बेटा दीनानाथन के छोड़ गईल बाड़े। 

पी जयचंद्रन के पुरस्कार

जयचंद्रन के कई गो पुरस्कार मिलल बा जवना में सर्वश्रेष्ठ प्लेबैक गायक खातिर राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कार, पांच गो केरल राज्य फिल्म पुरस्कार, चार गो तमिलनाडु राज्य फिल्म पुरस्कार, तमिलनाडु सरकार के ओर से जे.सी. डैनियल पुरस्कार अवुरी कलैइमामणि पुरस्कार, फिल्म ‘श्री नारायण गुरु’ में ‘शिव शंकर शरण सर्व विभो’ खातिर राष्ट्रीय पुरस्कार मिलल बा.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.