[the_ad_group id="30365"]

जम्मू कश्मीर में फर्राटा भरे के तैयार बिया पहिलका वंदे भारत ट्रेन

वंदे भारत ट्रेन
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जम्मू कश्मीर के जनता खातिर एगो खुशखबरी बा, जल्दिए केंद्र शासित प्रदेश खातिर पहिला वंदे भारत ट्रेन चले जा रहल बा, इs ट्रेन 19 अप्रैल से चली, जवना के खुद पीएम मोदी झंडा देखइह अवुरी एकरा संगे 272 किलोमीटर लंबा उधमपुर-श्रीनगर-बारामूला रेल संपर्क परियोजना पूरा हो जाई। जम्मू-कटरा-श्रीनगर वंदे रेल संपर्क परियोजना शुरू में कटरा से चली काहे कि जम्मू रेलवे स्टेशन पs मरम्मत आ नवीकरण के काम हो रहल बा.

कवना स्टेशन के बीच इs ट्रेन चली?

अधिकारी बतवले कि रेल लिंक परियोजना पछिला महीना ही पूरा भईल। उs आगे कहले कि रेल सुरक्षा आयुक्त जनवरी में कटरा-कश्मीर के बीच ट्रेन सेवा के मंजूरी देले रहले। एह ट्रेन के चले से जम्मू-श्रीनगर के बीच यात्रा के समय काफी कम हो जाई।

कवना दिने उद्घाटन होई?

केंद्रीय मंत्री जितेंद्र सिंह जम्मू में मीडिया से कहले कि, “पीएम मोदी 19 अप्रैल के उधमपुर पहुंचिहे, उs दुनिया के सबसे ऊँच रेल पुल के उद्घाटन करीहे। एकरा बाद उs कटरा से चले वाली वंदे भारत ट्रेन के झंडा देखा दिहे। फिलहाल घाटी में संगलदान अवुरी बारामूला के बीच अवुरी कटरा से देश भर के गंतव्य तक ट्रेन सेवा सिर्फ चलेला।”

इहो पढ़ीं: चेहरा के लटकत त्वचा के कस देई इs मास्क, कुछे दिन में जवान दिखे लागी त्वचा, जानीं कइसे इस्तेमाल करीं

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]