Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

उत्तराखंड : प्रसिद्ध समाजसेवी पद्मश्री अवधेश कौशल के निधन, दून में आपन आखिरी सांस लेहनी

204

मशहूर समाजसेवी आ पद्मश्री से सम्मानित अवधेश कौशल के मंगल का सबेरे निधन हो गइल. देहरादून के एगो निजी अस्पताल में उ आपन आखिरी सांस लेले। उ 87 साल के रहले। एनजीओ ‘ग्रामीण मुकदमा आ प्रबुद्धता केंद्र’ (रुलाक) के संस्थापक कौशल शिक्षा, पर्यावरण अवुरी मानव अधिकार खाती जीवन भर काम कईले।

बतावल जाता कि उ बहुत दिन से बेमार रहले अवुरी सोमवार से उनुकर अंग काम बंद हो गईल, ओकरा बाद आज सबेरे 5 बजे उ अंतिम सांस लेले।

सीएम दुख जतवले

पद्मश्री अवधेश कौशल के निधन पर सीएम पुष्कर सिंह धामी शोक जतवले। एकरा संगे-संगे उनुका निधन के चलते सामाजिक संगठन में शोक के लहर बा।

291800cookie-checkउत्तराखंड : प्रसिद्ध समाजसेवी पद्मश्री अवधेश कौशल के निधन, दून में आपन आखिरी सांस लेहनी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.