[the_ad_group id="30365"]

भोजपुरी गीत-संगीत के संवर्धन में लागल राजेश ठाकुर के आकस्मिक निधन से भोजपुरिया बधार में फइलल शोक के लहर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ठाकुर वीडियो गोपालगंज के नाम वाला यूट्यूब चैनल के माध्यम से भोजपुरी गीत-संगीत के संवर्धन में लागल राजेश ठाकुर के आकस्मिक निधन हो गइल बा। दुपहरिया में आइल एह दुखदायी खबर के आवते उनकर प्रशंसकन समेत सउसे भोजपुरिया समाज मे शोक के लहर फइल गइल।

बता दीं कि बिहार के गोपलागंज जिला के रहनिहार आ पेशा से शिक्षक राजेश ठाकुर जी के निधन के संभावित कारण हीट वेव बतावल जा रहल बा। कम समय मे आपन एगो अलग पहचान बनावे आला राजेश ठाकुर कइयन गो भोजपुरी संस्था से जड़ल रहस आ अपना चैनल के माध्यम से गीत-गवनई आ कविता-गजल के लोगन तक पहुँचावत रहस।

निधन के खबर आवते सोसल मीडिया शोक संदेशन से भर गइल, जवना में लोग लोर भरल आँखिन आ मन से उनका काम, सामाजिक आ व्यक्तिगत छवि के इयाद करत श्रद्धांजलि देलस।

खबर भोजपुरी परिवार लोर भरल आँखिन से श्रद्धाजली देत ईश्वर से प्राथना करत बा कि उनका परिवार के एह दुख से उबरे के शक्ति देस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]