अमेरिका के विशेष दूत थॉमस वेस्ट डिप्टी एनएसए विक्रम मिसरी से मिललें, अफगानिस्तान में साझा हित पर भइल बात

Share

अफगानिस्तान मामिला के विशेष अमेरिकी दूत थॉमस वेस्ट भारत यात्रा पर बानें। दिल्ली में ऊ डिप्टी एनएसए विक्रम मिसरी, विदेश मंत्रालय के संयुक्त सचिव जेपी सिंह अउर अन्य उच्चाधिकारियन से मुलाकात कइलें। ऊ अफगानिस्तान में भारत अउर अमेरिका के साझा हित के ले के चर्चा कइलें।

अमेरिकी विशेष दूत वेस्ट ट्वीट कs कहलें कि भारत द्वारा अफगानी लोग के मित्र के नाते कइल जा रहल मानवीय मदद अउर उनके मूलभूत अधिकारन के प्रति वचनबद्धता के उनकर देश सराहsला।

अब्दुल्ला अब्दुल्ला से भी कइलें मुलाकात

थॉमस वेस्ट अफगानिस्तान के राष्ट्रीय सुलह परिषद के अध्यक्ष डॉ अब्दुल्ला अब्दुल्ला से मुलाकात कइलें। ऊ अफगानन के बीच राष्ट्रीय राजनीतिक संवाद के तत्काल जरूरत पर चर्चा कइलें। एह अनिवार्यता पर अंतर्राष्ट्रीय समुदाय में सहमति बा, एकर नेतृत्व अउर आकार अफगानन के करे के चाहीं।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-