- बिहार: ‘सर गलत तरीका से छुवेले… स्कूल में किस करेले’; समस्तीपुर में 7वां के छात्रा से छेड़खानी; गांव के लोग कइल प्रदर्शन। चौकलेट के लालच देके बोलावत रहे। 14 साल के बिया के लईकी।
- बिहार: 1 मिनट में माथा पs फोड़लें 21 बेल; कैमूर के धर्मेन्द्र सिंह अपना नाम कइलें 7वां विश्व रिकॉर्ड, 1 मिनट में तुरले रहस 51 नारियल। हैमर हेडमैन के उपाधि से कइल गइल सम्मानित, 7 वर्ल्ड रिकॉर्ड में दर्ज बा नाम।
- उत्तर प्रदेश: उत्तर प्रदेश उपचुनावन में 5 बजे तक मैनपुरी में 51.89, रामपुर में 31.22 आ खतौली में 54.5 फीसदी मतदान। मैनपुरी लोकसभा सीट पs सपा के डिंपल यादव आ भाजपा के रघुराज शाक्य के बीचे बा मुकाबला।
- उत्तर प्रदेश: निकाय चुनाव खातिर नगर निगम, नगर परिषद आ नगर पंचायत खातिर आरक्षण के भइल घोषणा। 17 नगर निकाय, 200 नगर पालिका परिषद आ 545 नगर पंचायत बा यूपी में।
- झारखंड: पंकज मिश्रा के शिकायत पर पीएमएलए कोर्ट ईडी के देलस नोटिस, 15 दिसंबर तक मंगलस जबाब। झारखंड के मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन के विधायक प्रतिनिधि हवे पंकज मिश्रा। तथ्यन के नजर अंदाज करे के बा ईडी पs आरोप।
- गुजरात चुनाव में सेकंड फेज के वोटिंग खतम; साँझ के 5 बजे ले 58.68% वोट पड़ल, ग्रामीण इलाकन में ई आंकड़ा आउर बेहतर। वोट देवे व्हीलचेयर से बूथ पs पहुंचली हीराबा… बूथ में पीएम अपना बारी के इंतजार कइलें। कांग्रेस पीएम मोदी पर वोटिंग से पहिले प्रचार के आरोप लगवलस।
- ललन सिंह लगातार दूसरा बेर बनले जेडीयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष, अनिल हेगड़े कइले घोषणा।
- पूर्व सीएम वाघेला बोलले- मोदी के सौदागर: कहलें गोधरा में शवयात्रा निकाले वाला रहस, मौत के सौदागर ना तs आउर का? 82 साल के शंकर सिंह वाघेला 1996 में गुजरात के 12वां मुख्यमंत्री रह चुकल बाड़ें।
- केंद्रीय मंत्री के बेटा आशीष मिश्रा पs चली मुकदमा, लखीमपुर खीरी केस से नाम हटावे के अपील खारिज। एह साल लखीमपुर खीरी में आशीष के गाड़ी किसानन के कुचल देले रहे जेमे 4 किसानन के मौत हो गइल रहे।
- कुंबले से आगे निकलले एंडरसन: इंटरनेशनल क्रिकेट में 959 विकेट चटकवलें; पाकिस्तान से पहिला टेस्ट जीतल इंग्लैंड। सबसे बेसी विकेट लेवे आला गेंदबाज बनलें एंडरशन।
साँझ के बड़ खबर
Published on: Dec 5, 2022
बिहार: ‘सर गलत तरीका से छुवेले… स्कूल में किस करेले’; समस्तीपुर में 7वां के छात्रा से छेड़खानी; गांव के लोग कइल प्रदर्शन। चौकलेट के लालच देके बोलावत रहे। 14 साल के बिया के लईकी। बिहार:
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, big news, bihar news, Bihar-UP News, breaking news, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, top news, up news
Share this article






