[the_ad_group id="30365"]

विवेक रामास्वामी ना लड़िहे अमेरिकी राष्ट्रपति चुनाव: कहलें- हमार प्रेसिडेंट बने के कवनो रास्ता नइखें; आयोवा राज्य में ट्रम्प जीतलें रिपब्लिकन पार्टी से उम्मीदवारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

विवेक रामास्वामी ना लड़िहे अमेरिकी राष्ट्रपति चुनाव: कहलें- हमार प्रेसिडेंट बने के कवनो रास्ता नइखें; आयोवा राज्य में ट्रम्प जीतलें रिपब्लिकन पार्टी से उम्मीदवारी

भारतीय मूल के विवेक रामास्वामी अमेरिका के राष्ट्रपति चुनाव खातिर आपन उम्मीदवारी के रद्द कs देले बाड़ें। ऊ अब चुनाव में खड़ा ना होइहें। न्यूयॉर्क टाइम्स के मोताबिक, रामास्वामी मंगलर के खुद एकर जानकारी देलें।

असल में, मंगर के सबेरे (भारतीय समयानुसार) अमेरिकी राज्य आयोवा में ऊ रिपब्लिकन पार्टी से उम्मीदवारी के चुनाव हार गइलें। एमे डोनाल्ड ट्रम्प भारी बहुमत के संगे जीत हासिल कइलें। CNN के मोताबिक, विवेक एह रेस में चउथा पायदान पs रहलें।

विवेक रामास्वामी राष्ट्रपति पद के उम्मीदवार बने के रेस से बाहर निकलत कहलें कि हमार राष्ट्रपति बने के कवनो रास्ता नइखे। एहिसे हम आपन कैंपेन खत्म करत बानी। न्यूयॉर्क टाइम्स के मोताबिक, विवेक रामास्वामी बिहान ट्रम्प के संगे अमेरिका के न्यू हैम्पशायर में रैली करिहें।

आयोवा के चुनावन में दूसरका नंबर पs फ्लोरिडा के गवर्नर रॉन डी-सेंटिस आ तीसरका नंबर पs भारतीय मूल के निक्की हेली रहली। एही के संगे रिपब्लिकन पार्टी से ट्रम्प के उम्मीदवार बनल लगभग तय हो गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]