[the_ad_group id="30365"]

US Open 2023: जोकोविक जीतलें 24वां ग्रैंड स्लैम खिताब, यूएस ओपन फाइनल में मेदवेदेव के देलें शिकस्त

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नोवाक जोकोविक यूएस ओपन 2023 के खिताब अपना नामे कs लेले बाड़ें। न्यूयॉर्क के मार्गरेट कोर्ट में खेलल गइल फाइनल में जोकोविक डेनियल मेदवेदेव के हराके 24वां ग्रैंड स्लैम एकल खिताब जीतलें। कड़ा मुकाबला में सर्बिया के 36 वर्षीय दिग्गज खिलाड़ी 6-3, 7-6 (7-5), 6-3 से जीत हासिल कइलें।

जोकोविक पहिला सेट 6-3 से आसानी से जीतलें। एकरा बाद दूसरका सेट में जोकोविक आ मेदवेदेव के बीच जमके संघर्ष भइल, जवन एक घंटा आ 44 मिनट तक चलल। जोकोविक 7-6 (7-5) से ई सेट अपना नामे कइलें। तीसरका सेट में जोकोविक 6-3 से जीत दर्ज कs के मेदवेदेव के पटखनी देलें।

जोकोविक के नावे चउथा यूएस ओपन खिताब

दूसरका वरीयता प्राप्त जोकोविक दूसका सेट में तनिका परेसान दिखलें, बाकिर ऊ चउथा यूएस ओपन खिताब जीते खातिर आपन महानता के परिचय देलें। जोकोविक एह साल के सुरुआत में राफेल नडाल के 22 ग्रैंड स्लैम खिताब जीते के रिकॉर्ड के पीछे छोड़ देले रहस। जोकोविक के जुलाई में विंबलडन फाइनल में हार के सामना करे के पड़ल रहे। हालांकि, ऊ 2023 में चार ग्रैंड स्लैम खिताब में से तीन अपना नावे कs चुकल बाड़ें।

जोकोविक अभी ले 36 बेर ग्रैंड स्लैम फाइनल में खेल चुकल बाड़ें आ 24 खिताब अपना नाम कइलें बाड़ें। ऊ 10 बेर ऑस्ट्रेलियन ओपन आ सात बेर विबंलडन चैंपियन रह चुकल बाड़े आ तीन बेर फ्रेंच ओपन के खिताबो जीत चुकल बाड़ें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]