रिजर्व डे पs संकट के बादर, भारत-पाकिस्तान मैच पs मंडरा रहल बा बड़ खतरा

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 11, 2023

  IND vs PAK : एशिया कप 2023 के हाई वोल्टेज मैच में भारतीय टीम के सामने पाकिस्तान के चुनौती बा। आजु यानी रविवार के बारिश के चलते इ मैच पूरा ना हो पावल। अब

Share

 

IND vs PAK : एशिया कप 2023 के हाई वोल्टेज मैच में भारतीय टीम के सामने पाकिस्तान के चुनौती बा। आजु यानी रविवार के बारिश के चलते इ मैच पूरा ना हो पावल। अब ई मैच रिजर्व डे माने सोमार के दिने खेलल जाई। टीम इंडिया के स्कोर फिलहाल 2 विकेट के 147 रन बा। विराट कोहली 8 रन आ केएल राहुल 17 रन बनइले बाड़े। अब काल्हु ई मैच एक बेर फेरु पूरा 50 ओवर में खेलल जाई। बाकिर एह मैच पs अबहियो संकट के बादर मंडरा रहल बा।

सोमवार के बरखा के हालत कईसन बा?

सोमार 11 सितंबर के मौसम भी ठीक नइखे। एक्यूवेदर के मुताबिक बरखा के 99 प्रतिशत संभावना बा। जबकि वेदर डॉट कॉम पs बरखा के 90 फीसदी संभावना लउकत बा। एक्यूवेदर में दिन में बरखा के 99 संभावना आ तेज हवा आ तूफान के 59 फीसदी संभावना देखावल गइल बा। साँझ के बरखा के संभावना 77 फीसदी हो जाला बाकिर कवनो तरह के रुकावट ना होखे के कवनो गारंटी नइखे। अगर हमनी के घंटा के पूर्वानुमान के देखल जाव त हालात ओतना बढ़िया नइखे लउकत आ छोट मैच के भी संभावना कम लउकत बा।

अगर मैच ना होखे त का होई?

अगर बरखा के चलते रिजर्व डे भी धुल गइल त दुनु टीम एक-एक अंक साझा करीहें आ पाकिस्तान एशिया कप फाइनल में चहुँपे के एक डेग करीब आ जाई। 12 सितंबर के टीम इंडिया के सुपर 4 के दुसरका मैच खेले के बा जवना में ओकर मुकाबला श्रीलंका से होखी। मतलब अब टीम इंडिया के लगातार तीन दिन खेले के पड़ी। ई तब अउरी कठिन हो जाला जब भारतीय टीम के कुछ खिलाड़ी चोट के बाद लवटल होखस। हार्दिक पांड्या लगातार वर्कलोड मैनेजमेंट पs भी काम करेले। अइसना में एह बात पs संदेह बा कि लगातार तीन दिन खेलला से भारतीय टीम के दिक्कत बढ़ सकेला।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.