Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

US: मोदी के दौरा से पहिले यूएस सांसद उत्साहित, बोललें- भारत में चीन जइसन उत्पादन क्षमता, बतवलें भविष्य के साझेदार

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 21 जून से 24 जून तक अमेरिका के राजकीय दौरा पs रहिहें। अपना यात्रा के दौरान पीएम नरेंद्र मोदी दूसरका बेर बार अमेरिकी कांग्रेस के संयुक्त बैठक के संबोधित करिहें।

327

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के राजकीय दौरा के लेकर अमेरिका में उत्साह बा। ऊनका दौरा से पहिले कइयन गो अमेरिकी सांसद भारत के चीन के मुकाबले भविष्य के बेहतर साझेदार बतावल लो। रिपब्लिकन सांसद रिचर्ड मैकॉर्मैक कहलें कि आज उत्पादन के क्षेत्र में भारत के लगे चीन जइसन क्षमता बा, तs ओहिजा डेमोक्रेटिक पार्टी के सांसद शीला जैक्सन ली द्वारा कहल गइल कि पीएम मोदी के दौरा से कइयन गो उम्मीद बा।

औद्योगिक उत्पादन में भारत आज एगो बड़ ताकत

हमरा लागत बा कि अमेरिका में बहुत लोगन के ई समझ नइखे आइल कि भारत के लेके अमेरिकी नीतियन के का महत्व बा। एकरा खातिर पीएम नरेंद्र मोदी के अमेरिका आइल आ संवाद कइल अहम बा। जदि आज केहू भारत के महत्व के नइखे समझ रहल, तs शायद ऊ बड़ जनसांख्यिकी में छिपल ताकत आ औद्योगिक उत्पादन के क्षमता के नइखे समझ पाइल। भारत के लगे विनिर्माण में ओइसने क्षमता बा, जइसन चीन के लगे बा। हमनी के चीन के बजाय भारत जइसन मित्र एगो साझेदार के रूप में मिल सकत बा। अइसन देस जवन विश्व व्यापार संगठन के नियमन के मानेला, तुड़ेला ना। जेकरा जेहन में विश्व में आपन प्रभुत्व स्थापित करे के ना, बलूक दोसर देसन के संगे मिलके काम करे के विचार बा।

– रिचर्ड मैकॉर्मैक (प्रतिनिधि सभा में रिपब्लिकन सांसद, जॉर्जिया, छठवां कांग्रेशनल डिस्िट्रक्ट)

 

बहुत उम्मीदन से पीएम मोदी के सुनल जाई

भारत-अमेरिकी संबंधन के हम अपना देस खातिर सबसे महत्वपूर्ण मानत बानी। दुनो देसे ना, हमनी के समूचा दुनिया खातिर ई संबंध बहुते अहम बा। एही वजह से हम पीएम मोदी के कांग्रेस के संयुक्त सत्र में संबोधन के बेसब्री से प्रतीक्षा कर रहल बानी। हमनी के जनप्रतिनिधि अपना लोगन के इच्छा के मोताबिक काम कर रहल बानी सs, प्रधानमंत्री मोदी अपना लोगन खातिर अच्छा काम कइले बाड़ें। हमनी सभे समूचा दुनिया में लोकतंत्र चाहत बानी सs, आपस में अच्छा कारोबारी संबंध कायम कइल चाहत बानी सs, भारत के संगे निश्चित तौर पs हमनी के कारोबारी संबंध बढ़िया बा।

– बडी कार्टर (रिपब्लिकन सांसद , प्रतिनिधि सभा, जॉर्जिया)

 

भारत-अमेरिका जानत बा, कइसे करीं आपसी चर्चा

दुनिया के सबसे बड़ लोकतंत्र के प्रधानमंत्री के एह दौरा से कइयन गो उम्मीद लगावल जा रहल बा। एसे दुनो के बीच अहिंसा, लोकतंत्र आ अपना लोगन के परवाह करे जइसन मूल्यन पs आधारित लमहर मित्रता के फेर से जीवित कइल जाई। अलग-अलग देसन के बीच हमेशा कुछ कूटनीतिक चिंतो होला, जवना पs ओह लोगन के चरचा करत रहे के चाहीं। अच्छा बात ई बा कि हमनी के सामने भारत से आ भारत के सामने हमनी से संपर्क करे के रास्ता बनल बा। हमनी के जानत बानी कि अपना मसलन पर हमनी के कइसे चरचा करीं। अमेरिकी संसद में पीएम मोदी के संबोधन खातिर पूरा संसद उत्सुक बा, एमे दुनो सदन सामिल होई। ई अहम मवका बा, हम एकर हिस्सा होखेम।

– शीला जैक्सन ली (प्रतिनिधि सभा में डेमोक्रेट सांसद, टैक्सास)

प्रवासी भारतीयन के भूमिका बतइहें मोदी

पीएम नरेंद्र मोदी इहां भारतीय-अमेरिकियन के संबोधित करे के दौरान भारत के विकास में प्रवासी भारतीयन के भूमिका पs बात करिहें। कार्यक्रम के मेजबानी करे वाला एगो सामुदायिक नेता डॉ. भरत बरई कहलें कि कार्यक्रम के सब टिकट बिक चुकल बा, आ सब 838 सीटन खातिर पंजीकरणो पूरा हो गइल बा।

567680cookie-checkUS: मोदी के दौरा से पहिले यूएस सांसद उत्साहित, बोललें- भारत में चीन जइसन उत्पादन क्षमता, बतवलें भविष्य के साझेदार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.