[the_ad_group id="30365"]

बिहार अइहें यूट्यूबर पत्रकार मनीष कश्यप: 27 जून के बेतिया कोर्ट में पेशी, BJP विधायक से मारपीट आ रंगदारी केस में होई सुनवाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूट्यूबर पत्रकार मनीष कश्यप के मुसीबत कम होखे के नाम नइखे ले रहल। अब बीजेपी विधायक उमाकांत सिंह के संगे मारपीट आ रंगदारी मांगे के आरोप में 27 जून के बेतिया के कोर्ट में सुनवाई होई। मनीष पs ममिला नवंबर 2020 से दर्ज बा। अभी ले ऊ एको बार सुनवाई खातिर कोर्ट में हाजिरी नइखन देलें। फिलहाल ऊ तमिलनाडु फर्जी वीडियो केस में सेंट्रल जेल मदुरई में बंद बाड़ें।

ओहिजा, एह ममिला के 12 जून को सुनवाई होखे के रहे, बाकिर सेंट्रल कारा मदुरई के अधीक्षक वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से मनीष कश्यप के उपस्थित रहे के बात कहले रहस। अब बेतिया कोर्ट एकरा से इनकार कs देले बा। कोर्ट अधीक्षक उनका के हर हाल में 27 जून के सेंट्रल कारा मदुरई से बेतिया कोर्ट में फिजिकली उपस्थित होखे के आदेश जारी कइले बाड़ें।

जिला अभियोजन पदाधिकारी उमेश कुमार विश्वास बतवलें कि त्रिपुरारी कुमार तिवारी उर्फ मनीष कश्यप के खिलाफ मझौलिया थाना में बीजेपी नेता से रंगदारी आ मारपीट करे के ममिला दर्ज बा। कोर्ट उनका खिलाफ प्रोटेक्शन वारंट जारी कइले बा। 27 जून के मनीष कश्यप के ले आवे के प्रक्रिया चल रहल बा।

साल 2020 के हs ममिला

बता दीं कि साल 2020 विधानसभा चुनाव में त्रिपुरारी तिवारी उर्फ मनीष कश्यप चनपटिया सीट से निर्दलीय चुनाव लड़ले रहस। ओहिजा, बीजेपी से उमाकांत सिंह चुनाव लड़ले रहस। प्रचार के दौरान मझौलिया के पारस पकड़ी के लगे दुनो के बीच विवाद हो गइल रहे। उमाकांत सिंह थाना में प्राथमिकी दर्ज करवले रहस। ई प्राथमिकी नवंबर 2020 में दर्ज भइल रहे। न्यायिक दंडाधिकारी प्रथम श्रेणी मंजूर आलम के कोर्ट में कांड संख्या 737/2020 के ई केस सुनवाई खातिर लंबित चलल आ रहल बा।

आरोपी मनीष कश्यप

18 मार्च के मनीष कइले रहस सरेंडर

एने, SBI पारस पकड़ी के शाखा प्रबंधक के संगे दुर्व्यवहार करे आ सरकारी काम में बाधा डललो के मनीष पs 2022 में ममिला दर्ज भइल रहे। 17 मार्च 2023 के पुलिस मनीष के खिलाफ कोर्ट से कुर्की जब्ती के आदेस प्राप्त कइले रहे। 18 मार्च के सबेरे कुर्की करे पुलिस मनीष के घरे पहुंचल रहे।

ओहिजा, मनीष ओहि दिन जगदीशपुर थाना में सरेंडर कs देले रहस। तमिलनाडु फर्जी वीडियो ममिला में बिहार आर्थिक अपराध इकाई के पुलिस जांच करत रहे, एहिसे मझौलिया थाना के पुलिस मनीष के एह केस में रिमांड खातिर बेतिया न्यायालय में उपस्थित ना करा सकल रहे। एकरा बाद बिहार आर्थिक अपराध इकाई के पुलिस मनीष कश्यप के लेके पटना चल गइल बाद में ऊ आ उर ममिलन में मदुरई जेल में बंद कs दिहल गइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]