भारत के समर्थन में उतरल US: ‘हमनीके सहयोगियन के खिलाफ बढ़ रहल बा चीन के आक्रामकता’, हमनी के सुरक्षा खातिर बानीं जा प्रतिबद्ध
अरुणाचल प्रदेश में तवांग सेक्टर के पास भारतीय अउर चीनी सैनिकन के बीच ताजा संघर्ष के बाद स्थिति के नियंत्रित कइले के भारत के कोशिश के अमेरिका समर्थन कइले बा। पेंटागन के प्रेस सचिव पैट राइडर एगो बयान जारी करत कहले बानें कि हम अपने सहयोगियन के सुरक्षा सुनिश्चित करे के आपन प्रतिबद्धता पs कायम रहिहें। भारत जौने तरह से स्थिति के नियंत्रित कइलस, हम उसके कोशिश के पूरा समर्थन करतनीं।
पैट राइडर आगे कहनें कि अमेरिका, भारत-चीन सीमा पs चल रहल गतिविधियन पs नजर बनवले बा। ऊ कहनें कि ई दुनिया जानsतिया कि चीन कौने तरह से तानाशाही कs के सीमा पर अपने बल के इकट्ठा क के तथाकथित सैन्य बुनियादी ढांचा के निर्माण कs रहल बा।
हमनीं के सहयोगियन के खिलाफो बढ़ रहल बा चीन के आक्रामकता: अमेरिका
पैट राइडर आगे कहलें कि चीन अपना के मुखर कइले के कोशिश में अमेरिकी सहयोगियन अउर भागीदारन के खिलाफों आक्रामक हो रहल बा। ऊ कहनें कि एलएसी के बाद अब चीन समुद्री सीमा में भी भारत के अलावा दूसरे देशन खातिरो बड़ चुनौती बन रहल बा। हिंद महासागर क्षेत्र में चीनी सेना के मौजूदगी चिंता के विषय बा।
Comments are closed.