[the_ad_group id="30365"]

UPSSSC PET परीक्षा: पीईटी परीक्षा में अभ्यर्थी भइलें बेहाल, वैशाली में उमडल भीड़, चौरीचौरा एक्सप्रेस में हंगामा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रारंभिक अर्हता परीक्षा (पीईटी)  के परीक्षा खत्म होखलें के बाद रेलवे स्टेशन पर अभ्यर्थियन के भारी भीड़ जुट गइल। बिहार से आए वाली वैशाली एक्सप्रेस में परीक्षार्थियन के भीड़ चढ़ गइल। स्लीपर के कई बोगियन में आरपीएफ अउर जीआरपी के सिपाही लोग उनके नीचे उतरलें, उहवें चौरी चौरा एक्सप्रेस में बैइठले के ले के हंगामा भी भइल। बहुत सारे अभ्यर्थियन के आ गइले से यात्रियन के दिक्कतें भइल।
परीक्षा समाप्त होखले के बाद भारी संख्या में यात्रियन के भीड़ स्टेशन पर पहुंच गइल। तनिके देर में वैशाली एक्सप्रेस आ गइल अउर अभ्यर्थियन के साथ आइल उनके परिवार के लोग भी ट्रेन में चढ़ गइल। कुछ बोगियन में यात्रियन अउर अभ्यर्थियन में कहासुनी भी भइल। शौचालय अउर ट्रेन के गेट पर ठाढ़ लोग के जीआरपी नीचे उतरलस। लेकिन भीड़ ज्यादा होखले के चलते जीआरपी अउर आरपीएफ सब बोगियों में व्यवस्था सम्हाल नाइ पवलस।
सबसे ज्यादा दिक्कत चौरी चौरा एक्सप्रेस में भइल। ट्रेन के सब बोगियन में ठसाठस भीड़ हो गइल। कुछ अभ्यर्थियन के मोबाइल फोन भी चोरी हो गइल जेकरे बाद ऊ सब हंगामा शुरू कs दिहल। दू संदिग्ध लोग के जीआरपी हिरासत में ले लिहलस। ट्रेन के रवाना होखले तक यात्री बोगियों में चढ़ले के कोशिश करते रहलें। ट्रेन के गइले के बादो प्लेटफार्म पर भीड़ रहल। ओंने, स्टेशन परिसर में अभ्यर्थियन के भीड़ जमा रहल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]