[the_ad_group id="30365"]

RX के जगह ‘श्री हरि’, हिंदी में दवाइयन के नाम, मध्य प्रदेश के डॉक्टर के लिखल पर्ची चर्चा में

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मध्य प्रदेश में अब एमबीबीएस के पढ़ाई हिन्दी में शुरू होखले के सथही सतना जिला में मेडिकल ऑफिसर मरीज के प्रिस्क्रिप्शन हिन्दी में लिखलें। जानकारी के मुताबिक, कोटर के प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र में पदस्थ मेडिकल ऑफिसर डॉ. सर्वेश सिंह ई प्रिस्क्रिप्शन लिखले बानें।

गौरतलब बा कि दू दिन पहिले प्रदेश के मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान अपने भाषण में कहले रहनें कि पर्ची में दवाई हिन्दी में ही लिखल जाय त हर्ज का बा? बस, फिर का रहल, डॉ. सर्वेश एके अमलीजामा पहना देहलें।

अइसे आइल मन में खयाल

डॉ. सर्वेश बतवलें कि अतवार के हम केन्द्रीय गृहमंत्री अमित शाह के लाइव कार्यक्रम देखत रहनी। मुख्यमंत्री के भाषण के भी सुननीं। ऊ कहले रहने कि कोशिश करीं कि सरकारी अस्पताल में दवाई के पर्चा हिन्दी में लिखल जाय, बस एहीलिए विचार आइल कि काहे नाइ आज से ही एकर शुरुआत कइल जाय।

डॉ. सर्वेश ने इंदौर के देवी अहिल्या विश्वविद्यालय से वर्ष 2017 में एमबीबीएस के पढ़ाई कइलें। नवम्बर 2019 में डॉ. सर्वेश के पदस्थापना कोटर के प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र में कइल गइल, तब से डॉ. सर्वेश कोटर में ही सेवा दे रहल बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]