[the_ad_group id="30365"]

BHU अस्पताल में हंगामा: मेडिकल छात्र सब बंद करवलें आयुर्वेद संकाय के OPD, सुरक्षाकर्मियन पर हाथापाई के आरोप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आईएमएस बीएचयू के आयुर्वेद संकाय में स्नातकोत्तर के सीट बढ़ावे खातिर कुलपति आवास पर बीतल 10 दिन से धरने पर बैठल छात्र लोग सोमार के हंगामा कs दिहलें। आयुर्वेद संकाय के ओपीडी बंद करा दिहल। छात्र लोग सुरक्षाकर्मियन पs हाथापाई के आरोप लगवले बानें। उहवें, चीफ प्रॉक्टर अभिमन्यु सिंह कहलें कि छात्र ही सुरक्षाकर्मियन के साथ मारपीट कइलें। फिलहाल काफी गहमागहमी बा।
ओपीडी के बाहर धरनारत छात्र ठाढ़ बानें। सूचना के बाद मौका पर एसीपी भेलूपुर प्रवीण सिंह फोर्स के साथ मौके पर पहुंचलें। छात्रन के मनावे खातिर पहुंचल आयुर्वेद विभाग के डीन प्रो. केएन द्विवेदी कहलें कि अभीन शांति बा। छात्रन के मनावे के प्रयास कइल जा रहल बा। सथही मरीजन के हित के देखत जल्दी से जल्दी ओपीडी के सेवा बहाल करे के कोशिश कइल जा रहल बा।

पांच साल से सीट बढवले के हो रहल बा मांग

एन्ने  छात्र लोग के कहनाम बा कि पांच साल से सीट बढवले के मांग कइल जा रहल बा। संकाय प्रमुख भी बातचीत खातिर अइलें लेकिन कौनो ठोस परिणाम नाइ निकलल। पिछले दिन ही सोमार से ओपीडी बंद करे के चेतावनी दीहल जा चुकल बा। लिहाजा आजु हम लोग  ओपीडी बंद करा दिहलें।

ओपीडी के बाहर प्रदर्शन कर रहे छात्र
छात्रन के कहनाम बा कि हर बेर हम लोग के बरगलावल जाला लेकिन एह बेर जब ले मांग नाइ पूरा होई तब ले आंदोलन जारी रही। बीएचयू के आयुर्वेद संकाय में स्नातकोत्तर के 54 अउर स्नातक के 75 सीट बा। स्नातक के छात्र पीजी के सीट बढ़वले के मांग के ले के बीतल 10 दिन से कुलपति आवास पर धरना दे रहल बानें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]