[the_ad_group id="30365"]

‘आजादी का अमृत महोत्सव’ पर रंगोली का आयोजन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट एंड्रयूज महाविद्यालय गोरखपुर के एनसीसी के गर्ल्स कैडेट्स ( 15 यू०पी० गर्ल्स बटालियन) द्वारा आजु दिनांक 15- 10 -2022 के आजादी के अमृत महोत्सव, जौन केंद्र सरकार के आदेश से राज्य सरकार के दिशा-निर्देशन में विभिन्न कार्यक्रम में से रंगोली के आयोजन एनसीसी गर्ल्स कैडेट द्वारा कइल गइल। जेमें गर्ल्स कैडेट्स बढ़ चढ़कर हिस्सा लिहलें, अउर देशभक्ति के भाव से भरल रंगोली देश के प्रति सैनिक के बलिदान के याद करत स्वर्णिम भारत खातिर भावना, साधना प्रेरणा से प्रेरित होके ई आयोजन कइलें।

एह मौका पर कॉलेज के सेक्रेटरी डॉ० जे०के० लाल अउर प्राचार्य Dr R.N.Samuel , उपस्थित रहली। जौन अपने आशीर्वचन द्वारा कैडेट्स के देश के प्रति अपने कर्तव्य के पूरा करे खातिर प्रेरित कइलें।

ई कार्यक्रम कॉलेज के एसोसिएट एनसीसी ऑफिसर लेफ्टिनेंट डॉ० निधि लाल अउर 15 यूपी गर्ल्स बटालियन के एडम ऑफिसर मेजर महुआ के दिशा निर्देशन में संपन्न भइल। एह कार्यक्रम में डॉ० प्रभा , डॉ सी०पी० गुप्ता, डॉ० सुशील ,डॉ० विकास अउर कई शिक्षक गण उपस्थित रहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]