UP weather: अगिला 48 घंटन में पूरा यूपी में सक्रिय होई मॉनसून, फेर होई मूसलाधार बारिश; अलर्ट जारी

Share

अफगानिस्तान आ उत्तरी पाकिस्तान पs बन रहल पश्चिमी विक्षोभ के चलते मॉनसून अगिला 48 घंटन में समूचा उत्तर प्रदेश में सक्रिय हो जाई। एकरा बाद प्रदेश के अधिकांश इलाकन में निमन बारिश देखे के मिली। मौसम विभाग के मोताबिक प्रदेश में 17-18 जुलाई से मॉनसून के सक्रिय होखे के आसार बा। एकरा पहिले प्रदेश के कई जिलन में तेज हवा चली जवना से लोग के उमस भरल गरमी से राहत मिली। रउआ के बता दीं कि पश्चिमी उत्तर प्रदेश के कई जिलन में सनिचर के झमाझम बारिश भइल जवना कारण मौसम सुहावन हो गइल ।मौसम विभाग पहिलही पश्चिमी यूपी के जिलन में मध्यम से भारी स्तर के बारिश होखे के अनुमान जतवले रहे।

भारत मौसम विज्ञान विभाग (आईएमडी) के एगो अधिकारी बतवले कि मौसम के मिजाज गते-गते बदले लागल बा। मानल जा रहल बा कि मानसून के टर्फ लाइन ऊपर कावर आ रहल बा जवना से उत्तर प्रदेश के अधिकांश जिलन में सोमार आ मंगर के तेज मानसूनी बारिश होखे के संभावना बन रहल बा। एकरा खातिर भारतीय मौसम विज्ञान विभाग (आईएमडी) पूरा यूपी में ऑरेंज अलर्ट जारी कइले बा। एकरा अलावे, अगिला 48 घंटन में प्रदेश के कुछ इलाकन में गरज चमक के साथे छींटा पड़े के संभावना बा।

उत्तराखंड में बारिश के रेड अलर्ट

मौसम विभाग 19 आ 20 जुलाई खातिर उत्तराखंड के सात जिलन में बहुते भारी बारिश के लेके रेड अलर्ट जारी कइले बा।  मौसम विभाग के मोताबिक 19 आ 20 जुलाई के देहरादून, टिहरी, पौड़ी, नैनीताल, चम्पावत, ऊधमसिंह नगर, हरिद्वार जिलन में भारी से अत्यंत भारी बारिश के संभावना बा। उत्तराखंड के बाकी जिलन में एह दुनों दिन भारी बारिश के ऑरेंज अलर्ट बा। मौसम विभाग राज्य में मध्यम से बड़ भूस्खलन, चट्टान गिरला के कारण सड़कन, राजमार्गन में अवरोध, कटाव, नाला आ नदियन के जल स्तर में अचानके बढ़न्ती, निचिला इलाकन में जल भराव के आशंका जतवले बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-