[the_ad_group id="30365"]

यूपी : हजारों लोग बिजली के बिल ऑनलाइन जमा कईले रहले, विभाग के पता नईखे कि पईसा कहां गईल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

उत्तर प्रदेश के कानपुर में बिजली विभाग में हलचल मचल बा। इहाँ जनता के ओर से बिजली के बिल ऑनलाइन भुगतान कईला के बाद डेढ़ करोड़ रुपया गायब हो गईल बा। ए मामला में जब बैंक के अधिकारी से पूछल गईल त उ लोग कहले कि पईसा कवनो अवुरी खाता में जमा हो गईल बा। इ सुन के केस्को के अधिकारी थाना में आईसीआईसीआई बैंक के अधिकारी के खिलाफ प्राथमिकी दर्ज करवले बाड़े।

आरोप बा कि बैंक के अधिकारियन से मिलजुल के केस्को कवनो दोसरा बैंक में डेढ़ करोड़ रुपिया के हस्तांतरण कs दिहलस। केस्को के कार्यकारी अभियंता आईटी सेल अवुरी वरिष्ठ लेखा अधिकारी के कहनाम बा कि बैंक के अधिकारी ए पईसा के दोसरा खाता में ट्रांसफर क देले बाड़े, जवना के इरादा रहे कि उ पईसा के हड़पल।

1731 उपभोक्ता एक करोड़ 48 लाख रुपिया जमा कईले रहले

केस्को के मुताबिक 1731 बिजली उपभोक्ता एक करोड़ 48 लाख रुपिया जमा कईले रहले। बैंक इ पईसा केस्को के खाता में ट्रांसफर ना कईलस। बैंक से पूछताछ में कवनो सही जवाब ना मिलल।

केस्को पुरान रिकार्ड खोदे में भी लागल 

ए मामला में संयुक्त आयुक्त के कहनाम बा कि केस्को बैंक के अधिकारी के खिलाफ शिकायत देले बा। जांच चल रहल बा। आरोपी के गिरफ्तार क लिहल जाई। इ मामला सोझा अईला के बाद केस्को भी पुरान रिकॉर्ड के खोज शुरू क देले बा।

साभार- आज तक

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]